टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दीपवीर के घरे गूंजल किलकारी, खूबसूरत जोड़ी के घरे अइली लक्ष्मी 

02:47 PM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
रणवीर सिंह-दीपिका पादुकोण - फोटो : इंस्टाग्राम@deepikapadukone
Advertisement

अभिनेत्री दीपिका पादुकोण आ रणवीर सिंह के घर में खुशी के माहौल बा। सूत्र के मुताबिक एह जोड़ी के एगो बेटी के जन्म भइल बा। गणेश चतुर्थी पर्व के अगिला दिने लक्ष्मी एह जोड़ी के घरे पहुंचल बाड़ी। मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल जात रहे कि दीपिका पादुकोण के डिलीवरी 28 सितंबर के होखे वाला बा। बाकिर, अब आज 8 सितंबर के इनका घर में एगो बेटी के जन्म भइल।

Advertisement

दीपिका पादुकोण आ रणवीर सिंह एह साल फरवरी में प्रशंसकन से ई खुशखबरी साझा कइले रहले। तब से अभिनेत्री सोशल मीडिया पर हर अपडेट शेयर करत रहली। गर्भावस्था के दौरान उऽ अपना फिटनेस आ खानपान के पूरा ध्यान राखत रहली आ एकरा बारे में प्रशंसको के जागरूक करत रहली।

दीपिका पादुकोण आ रणवीर के घर में बेटी के आवे के खबर सुन के प्रशंसक के खुशी के कवनो सीमा नइखे। शनिचर के साँझ दीपिका आ रणवीर सिंह के अस्पताल जात देखल गइल। दीपिका के महतारी उज्जला पादुकोण आ पति रणवीर सिंह के संगे मुंबई के एचएन रिलायंस अस्पताल पहुंचल देखल गइल। तब से प्रशंसक खुशखबरी के इंतजार करत रहले आ आज ऐतवार का दिने ओह लोग के खुशखबरी मिल गइल।

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsdeepika padukoneEntertainment Entertainment newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsRanveer Singh
Advertisement
Next Article