For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जेपी विश्विद्यालय में आध्यात्मिक विज्ञान के कोर्स चालू होई : अगिला सत्र से हिन्दू अध्ययन के तहत सुरू होई कइयन गो पाठ्यक्रम

09:46 PM Apr 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
जेपी विश्विद्यालय में आध्यात्मिक विज्ञान के कोर्स चालू होई   अगिला सत्र से हिन्दू अध्ययन के तहत सुरू होई कइयन गो पाठ्यक्रम
Advertisement

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में लगातार नया-नया कोर्स लागू कइल जा रहल बा। आध्यात्मिक विज्ञान आ हिन्दू अध्ययन खातिर तइयारी तेज कs दिहल गइल बा। अब जल्दिये जेपी विश्वविद्यालय में हिन्दू अध्ययन आ आध्यात्मिक विज्ञान केंद्र खोलल जाई। नवहन के अपना के सनातन से जोड़े आ आध्यात्मिक विज्ञान पs ज्ञानोपार्जन खातिर ई कोर्स कारगर साबित होई।

Advertisement

यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रोफेसर प्रमेंद्र कुमार बाजपेयी बतवलें कि बीतल दिनन में राज्यपाल के संगे भइल सिंडीकेट के बैठक में हिन्दू अध्ययन केंद्र के स्थापना पs चरचा भइल बा। कुलपति बतवलें कि नवहन के वैदिक संस्कृति से जोड़े खातिर केंद्र खोलल जा रहल बा। हिन्दू अध्ययन केंद्र आ विज्ञान केंद्र से हिन्दू रीति रिवाज, सनातन परंपरा आ वेदन के सरल भाषा में पढ़े आ समझे के छात्रन के अवसर मिली।

आगे जानकारी देत ऊ बतवलें कि एकर प्रस्ताव सरकार के भेजल जा चुकल बा। ई सर्टिफिकेट कोर्स होई। एक साल के अवधि में दु सेमेस्टर के परीक्षा देवे के होई। ग्रेजुएशन के बाद एमे प्रवेश लिहल जा सकी।

हिन्दू अध्ययन केंद्र के पाठ्यक्रम में चारो वेद, उपनिषद, भागवत गीता, रामायण आ महाभारत जइसन धर्मग्रंथ के संगे-संगे हिन्दू दर्शन, धर्मशास्त्र, पौराणिक कथा, नैतिकता आ अनुष्ठान प्रथा आदि सामिल रही।

यूनिवर्सिटी के पीआरओ प्रो. हरिशचंद बतवलें कि भारत के समृद्ध आध्यात्मिक विरासत के संजो के रखे के उद्देश्य से एह पाठ्यक्रम के सुरुआत विश्विद्यालय में कइल जा रहल बा। एमे स्नातक के बाद इच्छुक विद्यार्थी नामांकन ले सकत बा। नया सत्र 2025 से प्रवेश सुरू होई। जवना खातिर विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement