For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मेंटनेस के लेके 2 घंटा रही पावर कट: JE बोललें- मेन वायर के होई शिफ्टिंग, सबेरे 11 से 1 बजे तक आपूर्ति बाधित 

10:56 AM Feb 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
मेंटनेस के लेके 2 घंटा रही पावर कट  je बोललें  मेन वायर के होई शिफ्टिंग  सबेरे 11 से 1 बजे तक आपूर्ति बाधित 
Advertisement

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में दूसरको दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 11:00 बजे से लेके दुपहरिया 1:00 बजे तक कइल जाई। चैनपुर पावर सबस्टेशन 33 केवीए में विंटर मेंटेनेंस घरी कइयन तरे के रिपेयरिंग के काम कइल जात रहे। जवना के लेके कुछ काम अधूरा रह गइल बा। जवना के पूरा करे खातिर दूसरको बुध के पावर कट रही।

Advertisement

ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या समाधान के लेके पावर कट कइल गइल बा। एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लेके 33kva पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरे के मेंटेनेंस कइल जाये के बा। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही। बढ़त लोड आ ठंड के बीच पावर हाउस के वायर शिफ्टिंग कइल जाये के बा।

वायर शिफ्टिंग के चल रहल बा काम

विद्युत कनीय अभियंता अभिषेक कुमार बतवलें कि जाड़ा के मौसम के चलते विद्युत सप्लाई पs भारी दबाव पड़ रहल बा। उपभोक्ता लोगन कावर से अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तरे के मरम्मत कइल अनिवार्य बा।

जवना आलोक में बुध के सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 1:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के मरम्मत आ पावर हाउस में मेन वायर शिफ्टिंग कइल जाये के बा। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। पुनः 1:00 बजे के बाद बिजली सुचारु रूप से चालू कs दिहल जाई।

एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम कs लेवे के निरदेस दिहल गइल बा। मरम्मती के काम के लेके मशरख चैनपुर फीडर से संबंधित सब पावर स्टेशन के पावर सप्लाई बाधित रही। पावर कट के दौरान उपभोक्तन के कवनो समस्या ना हो सके एकरा खातिर बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह कार्यपालक अभियंता कावर से सूचना जारी कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement