टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

साढ़ा फीडर से 3 घंटा तक बिजली रही गुल: सबेरे 9 से दुपहरिया 12 बजे तक तार आ ट्रांसफॉर्मर के होई मरम्मत

10:16 AM Oct 12, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा के साढ़ा फीडर से आज बिजली गुल रही। पिछला दु दिन से मरम्मत के काम चल रहल बा। जवना के लेके पावर कट कइल जा रहल बा। तीन घंटा तक बिजली आपूर्ति बाधित रही। सबेरे 9 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। छपरा शहर के उत्तर में साढ़ा फीडर में मरम्मत के काम चल रहल बा। जवना कारण 11KVA साढ़ा फीडर के विद्युत आपूर्ति बाधित रही। बिजली विभाग एकरा पहिले बिजली संबंधित काम लेवे के सलाह दिहल गइल बा। बाजार समिति, घोष कॉलोनी सहित नेवाजी टोला के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

Advertisement

पिछला दिनन मरम्मत के काम रह गइल रहे अधूरा

साढ़ा फीडर में लागल सब तार आ ट्रांसफॉर्मर के मरम्मत हो रहल बा। पिछला दिनन मरम्मत के काम अधूरा रह गइल बा, जवना के पूरा करे खातिर आजुओ बिजली बाधित रही। नीयत समय के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। पावर कट होखला से साढ़ा के आसपास मोहल्लन में बिजली गुल रही। साढ़ा क्षेत्र के कुछ हिस्सन में जलजमाव के इस्थिति हो गइल रहे। जवना से सर्विस तार सहित आउर उपकरणन में परेसानी आवत रहे। संगही पिछला कुछ दिनन से पावर ट्रिप के समस्यो आवत रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsElectricity NewsMaintenance Workpower cut
Advertisement
Next Article