For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में दु दिन तक रही ट्रैफिक डायवर्जन: गणेश प्रतिमा के विसर्जन के लेके बदलाव

10:17 AM Sep 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में दु दिन तक रही ट्रैफिक डायवर्जन  गणेश प्रतिमा के विसर्जन के लेके बदलाव
Advertisement

गोरखपुर। बारावफात के जुलूस आ श्रीगणेश मूर्ति विसर्जन के अवसर पs शहर में शांति आ सुगम यातायात बना के रखे खातिर प्रशासन कइयन गो ट्रैफिक डायवर्जन आ रेस्ट्रिक्शन लागू कइले बा। आज सांझ 18:00 बजे से लेके जुलूस आ विसर्जन के समाप्त होखला तक ई डायवर्जन आ रेस्ट्रिक्शन लागू रही।

Advertisement

एह दौरान शहर के अलग-अलग रास्तन s भारी वाहनन के संगे-संगे चार आ तीन पहिया वाहनन के आवागमन पs रोक लगावल गइल बा। प्रशासन के ई डेग दुनो महत्वपूर्ण आयोजनन के दौरान यातायात के नियंत्रित करे आ कवनो अव्यवस्था से बचे खातिर उद्देश्य से लिहल गइल बा।

एह रास्तन पs पूरा तरे से वाहनन पs रही प्रतिबंध

  • दुर्गाबाड़ी से अलीनगर, बक्शीपुर, नखास, रेती चौक, घण्टाघर, जुगनू तिराहा, टीपी नगर मार्ग पs चार पहिया, तीन पहिया वाहनन के आवागमन प्रतिबंधित रही।
  • घोष कंपनी से नखास तक आ घोष कंपनी से रेती चौक तक भारी आ चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • अलहदादपुर तिराहा से घंटाघर तक भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • नार्मल टैक्सी स्टैंड से पाण्डेयहाता होके घण्टाघर तक भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • नार्मल से बरफखाना, हांसपुर तक भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • अग्रसेन तिराहा से बक्शीपुर चौराहा के तरफ सब प्रकार के वाहन प्रतिबंधित रही।
  • विजय चौक से अलीनगर, चरनलाल चौक के तरे भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया प्रतिबंधित रही। 11-साहबगंज मंडी, खूनीपुर होके बक्शीपुर के तरफ भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • घासी कटरा, मिर्जापुर, लालडिग्गी से बक्शीपुर के तरफ भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • लालडिग्गी से गीता प्रेस, रेती चौक तक भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।
  • जटाशंकर तिराहा से अलीनगर के तरफ भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही
  • मदीना मस्जिद चौराहा से शाहमारूफ जाये वाला मार्ग पs भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही।

डायवर्जन के दौरान एह रास्तन से गुजरी वाहन

  • हर्बट बंधा से लालडिग्गी आ साहबगंज मंडी के तरफ जाये वाला भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहनन के डायवर्ट कइल जाई। ई वाहन टीपी नगर, फलमण्डी रुस्तमपुर, अमर उजाला, पैडलेगंज होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • टीपी नगर चौराहा से पाण्डेय हाता आ अलहदादपुर तिराहा के तरफ जाये वाला भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहनन के डायवर्ट कइल जाई। ई वाहन टीपी नगर से फलमण्डी, रूस्तमपुर, अमर उजाला, पैडलेगंज होत अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।
  • हुमायूंपुर चौराहा से तंरग ओवरब्रिज होके गंगेज चौराहा, अलीनगर, बक्शीपुर, घण्टाघर के ओर भारी वाहन, चार पहिया आ तीन पहिया वाहन प्रतिबंधित रही। ई वाहन श्रीगोरखनाथ मंदिर आ धर्मशाला होके अपना अपना गंतव्य के ओर जइहें सs।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement