For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ई उत्तर प्रदेश के टॉप विश्वविद्यालय ह, जदी एक में भी एडमिशन लेत बानी त जिंदगी सेट हो जाई बॉस

12:48 PM May 21, 2024 IST | Raj Nandani
ई उत्तर प्रदेश के टॉप विश्वविद्यालय ह  जदी एक में भी एडमिशन लेत बानी त जिंदगी सेट हो जाई बॉस
Advertisement

जइसहीं विद्यार्थी बारहवीं पास कर लेत बाड़े, आगे के पढ़ाई के चिंता होखे लागेला। अइसने में ऊ लोग ई ना समझ पावेला कि कहाँ से एडमिशन लेवे के बा । यूपी के बारहवीं बोर्ड के रिजल्ट जारी हो गइल बा । अब विद्यार्थियन के अपना कैरियर के चिंता बा, कवना कॉलेज भा विश्वविद्यालय में एडमिशन लेवे के चाहीं जेहसे कि प्लेसमेंट मिल सके आ ओह लोग के अपना कैरियर के चिंता भी ना करे के पड़ी । आईं रउरा सभे के बता दीं कि यूपी में बहुते कॉलेज बा, जहाँ बढ़िया विश्वविद्यालय आ कॉलेज बा। बाकिर विद्यार्थियन में जानकारी के कमी होला एहसे ऊ अपना रिश्तेदार भा परिचितन से सलाह लेत बाड़े कि कहाँ से एडमिशन लेबे के चाहीं ।

Advertisement

हालांकि लोग हमेशा सही जानकारी देवेले, बाकी कबो-कबो कुछ लोग दोसरा के गलत जानकारी देवेले, जवना के चलते छात्र के नुकसान होखेला आ फेर अपना कैरियर के चिंता में रहेला। अइसने में आज हम रउआ के एह बारे में जानकारी देवे जा रहल बानी कि उत्तर प्रदेश के कवन-कवन टॉप विश्वविद्यालय बा, कहाँ एडमिशन लेहेम त राउर कैरियर बन जाई।

इलाहाबाद विश्वविद्यालय 

इलाहाबाद विश्वविद्यालय देश के सबसे पुरान विश्वविद्यालयन में से एगो ह। एकरा के ऑक्सफोर्ड ऑफ द ईस्ट भी कहल जाला। भारत आ विदेश से लाखों युवा इहाँ पढ़े आवेला। एगो समय रहे जब देश के अधिकांश आईएएस के चयन इहाँ से होखत रहे। इहाँ तरह तरह के यूजी आ पीजी कोर्स चलावल जाला, प्रवेश खातिर जवना में रउरा सीयूईटी प्रवेश प्रक्रिया से गुजरे के पड़ी ।

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय भा बीएचयू भी देश के सबसे पुरान विश्वविद्यालयन में से एगो ह। एकर स्थापना मदन मोहन मालवीया कइले रहले । एह विश्वविद्यालय में यूजी आ पीजी के कई गो कोर्स उपलब्ध बा। इहाँ से पढ़े वाला छात्र के हर क्षेत्र में उचित सम्मान मिलेला।

अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय

अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय प्रतिष्ठित विश्वविद्यालयन में गिनल जाला । एहिजा 50 फीसदी सीट अल्पसंख्यकन खातिर आरक्षित बा । दोसरा श्रेणी के सगरी विद्यार्थियन के प्रवेश महज 50 फीसदी सीट पर मिलेला । एह विश्वविद्यालय से पढ़े वाला लोग के बढ़िया जगहा पर काम करे के मौका मिलेला । एकरा संगे-संगे एनआईआरएफ के रैंकिंग में अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के टॉप-10 में शामिल कइल गइल बा।

लखनऊ विश्वविद्यालय 

यूपी के राजधानी में स्थित लखनऊ विश्वविद्यालय में कई गो यूजी आ पीजी कोर्स चलावल जाला। इहो बहुत पुरान विश्वविद्यालय ह। इहाँ के कोर्स खातिर शुल्क कम बा। एकरा संगे-संगे दूर-दूर से आवे वाला छात्र खातीर ए विश्वविद्यालय में हॉस्टल के सुविधा भी उपलब्ध बा।

 बाबासाहेब भीमराव अम्बेडकर विश्वविद्यालय

राजधानी लखनऊ में स्थित ई विश्वविद्यालय भी शीर्ष विश्वविद्यालयन में गिनल जाला। इहाँ एडमिशन मिलल हर विद्यार्थी के सपना ह। एह विश्वविद्यालय में कई राज्यन के विद्यार्थी पढ़े आवेलें ।

Tags :
Advertisement