टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

झारखंड विधानसभा के शीतकालीन सत्र के तीसरका दिन: हंगामा के संगे सुरू भइल सदन के कार्यवाही, नियोजन बनल मुद्दा, 12:30 तक खातिर सभा स्थगित

12:11 PM Dec 19, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

झारखंड विधानसभा के शीतकालीन सत्र के तीसका दिन हंगामा के संगे सुरू भइल। सदन के कार्यवाही निर्धारित समय पs सुरू भइल। कार्यवाही के सुरुआत में भाजपा के विधायक भानू प्रताप शाही नियोजन के मुद्दा उठवलें। ऊ कहलें कि जेएसएससी कार्यालय के बाहर छात्र आंदोलन कs रहल बा लो। ई सरकार झूठ बोलके आइल बिया। एही दौरान विधायक प्रदीप यादव सदन में संसद से सांसदन के निलंबित करे के ममिल उठवलें। ऊ एकरा खिलाफ सदन में निंदा प्रस्ताव ले आवे के बात कहलें।

Advertisement

प्रश्नकाल के हंगामा काल कs दिहल जाव

सदन के कार्यवाही के दौरान विपक्ष के हंगामा के लेके स्पीकर नाराजगी जतवलस। ऊ कहलें कि विपक्ष जदि हंगामा कइल चाहता बा तs काहे ना प्रश्नकाल के हंगामा काल कs दिहल जाव। एह दौरान विपक्ष के हंगामा जारी रहे। भाजपा विधायक फेर से वेल में पहुंचल लो। विपक्ष के हंगामा के देखत सदन के कार्यवाही दुपहरिया 12:30 तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri Newsjharkhand newsJharkhand VidhansabhaJharkhnad Assembly HouseWinter Session
Advertisement
Next Article