For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Jio से सस्ता High Speed Internet दे रहल बिया ई कंपनी, साथ में मिली OTT और TV Channels

04:57 PM Feb 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
jio से सस्ता high speed internet दे रहल बिया ई कंपनी  साथ में मिली ott और tv channels
Advertisement

ए घरी इंटरनेट हमनी के मनोरंजन के एगो बहुत बड़ हिस्सा बन चुकल बा। अब हमनी के टीवी के बिना, ओटीटी (Over-The-Top) प्लेटफ़ॉर्म्स के माध्यम से आपन पसंदीदा वीडियो, शो आ फिल्मन के आनंद ले सकत बानी सs आ इंटरनेट पैकेजो अब बहुत स्पीडी हो गइल बा। एह पैकेज में रउआ Netflix, Amazon Prime आ Disney+ Hotstar जइसन ओटीटी प्लेटफ़ॉर्म्स के एक्सेसो मिलेला।

Advertisement

अब नया प्लान्स आइल बा, जेमे रउआ टीवी+ओटीटी+ हाईस्पीड इंटरनेट सब एक संगे मिलत बा। एह नया प्लान्स के ब्रॉडबैंड कंपनी ले आइल बाड़ी सs, जवन रउआ के पूरा मनोरंजन खातिर सब कुछ एके जगह पs देली सs। अब रउआ बस एगो पैकेज के चुनीं आ मनोरंजन के मजा उठाई।

Excitel TV Plan: Excitel हाले में एगो नया प्लान लॉन्च कइले बा, जेमे 400 Mbps के वाई-फाई, 21 OTT प्लेटफ़ॉर्म्स (जइसे कि Disney+ Hotstar आ Sony Liv) आ 550+ लाइव टीवी चैनल्स (जइसे कि Colors आ Star, Discovery) सामिल बा। एह प्लान के कीमत 734 रुपिया से सुरू बा।

Jio Fiber प्लान: एह प्लान में रउआ 100 Mbps के गति, 550+ लाइव टीवी चैनल्स आ 13 OTT ऐप्स (जइसे कि Disney+ Hotstar आ Sony Liv) के आनंद उठावे के मौका मिलेला आ DTH सेवा जइसन सुविधो उपलब्ध बा। ई सब सुविधा रउआ खाली 899 + GST रुपिया के मूल्य में उपलब्ध बा।

Airtel Xstream Plan: Airtel के ब्रॉडबैंड प्लान में रउओ ई सुविधा मिलत बा - 200 Mbps तक के इंटरनेट गति, 12 OTT एप्स आ 350 लाइव टीवी चैनल, जवन खाली 1099 रुपिया + जीएसटी में उपलब्ध बा।

अब, जहां पहिले रउआ अलग-अलग सुविधन खातिर अलग पईसा देवे के पड़त रहे। उहां अब खाली एगो प्लान के सब्सक्राइब कs के राउर सब सुविधन के आनंद उठा सकत बा आ उहो खाली 734 रुपिया से शुरुआत में! ई नया ब्रॉडबैंड प्लान्स रउआ के सब मनोरंजन आ इंटरनेट के जरूरत के पूरा तरे से सामिल करत बा आ रउआ के एके जगह पs सब कुछ प्रदान करत बा। अब, आपन मनोरंजन के अनुभव अपग्रेड करीं आ सब सुविधन के मज़ा एके प्लान में लीं!

Tags :
Advertisement