टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लोकसभा चुनाव के चलते इ परीक्षा अभी तक टाल दिहल गईल बा, जान लीं कि कवन- कवन परीक्षा में टक्कर बा

03:33 PM Mar 20, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

भारत निर्वाचन आयोग हालही में एगो प्रेस कांफ्रेंस के माध्यम से एह साल के लोकसभा चुनाव के तारीख के एलान कइले रहले । जवना के बाद ए समय अवधि में आवे वाला कुछ परीक्षा के स्थगित करऽ दिहल गईल बा।

Advertisement

भारत निर्वाचन आयोग हालही में एगो प्रेस कांफ्रेंस का माध्यम से एह साल के लोकसभा चुनाव के तारीख के एलान कइले रहले । जवना के बाद एह समय अवधि में आवे वाला कुछ परीक्षा तारीख के टक्कर के चलते स्थगित करऽ दिहल गईल बा। त हमनी के बताएम कि अब तक केतना परीक्षा स्थगित हो गईल बा। एकरा अलावे ए बीच कवन परीक्षा हो रहल बा, जवना प अभी तक स्थगन के कवनो अपडेट नईखे आईल।

कवन परीक्षा स्थगित हो गइल बा?

19 अप्रैल से शुरू होखे वाला लोकसभा चुनाव का चलते जवन परीक्षा टार दिहल गइल बा ओकर सूची नीचे दिहल गइल बा ।

बता दीं कि आईसीएआई सीए परीक्षा के संशोधित परीक्षा कार्यक्रम भी जारी हो गईल बा। एह संबंध में जारी आधिकारिक नोटिस के मुताबिक अब इ 2 जून से शुरू होई अवुरी 10 जून 2024 के खतम होई। एकरा संगे यूपीएससी सिविल सेवा के प्रारंभिक परीक्षा (सीएसई) 2024 के 16 जून तक टार दिहल गईल बा। बता दीं कि पहिले ई परीक्षा 26 मई के होखे वाला रहे ।

चुनाव के तारीख के चलते कवन-कवन परीक्षा में परेशानी होखता?

एह साल जेईई मेन सेशन 2, नीट यूजी, सीयूईटी यूजी के परीक्षा लोकसभा चुनाव के तारीख से ओवरलैप हो रहल बा । हालांकि यूजीसी प्रमुख एम जगदीश कुमार के बयान के मुताबिक सीयूईटी यूजी परीक्षा में कवनो बदलाव ना होई।

बता दीं कि लोकसभा चुनाव 19 अप्रैल से शुरू हो जाई। ई आम चुनाव सात चरण में 1 जून 2024 ले होखी आ एकर रिजल्ट 4 जून के जारी कइल जाई । जईसे की आप लोग उपर के खबर में पढ़ले बानी, एह बीच हो रहल कुछ परीक्षा के स्थगित क दिहल गईल बा, बाकी स्थगित जईसन कवनो अपडेट नईखे आईल। उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि एह से जुड़ल खबरन पs पूरा नजर राखल जाव ।

Tags :
2024 Elections2024 Lokashba ElectionBhojpuri khabarcompetitionsCompetitive examsExamination NewsIIT BombayKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriNEET
Advertisement
Next Article