टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

7 नवंबर के आ रहल बा इ दमदार फोन, मिली 120W के चार्जिंग, कैमरा सेटअप बा धांसू

01:36 PM Oct 25, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

अगिला महीना एगो पावरफुल स्मार्टफोन बाजार में आवे वाला बा। एह आवे वाला हैंडसेट के नाम iQ00 12 बा। कंपनी ए फोन के लॉन्च डेट के पुष्टि कs देले बिया। आइकू वीबो पोस्ट में बतवलस कि, आइकू 12 स्मार्टफोन 7 नवंबर के लॉन्च होई। लॉन्च के तारीख के पुष्टि करे के संगे कंपनी इहो कहलस कि इ फोन स्नैपड्रैगन 8न 3 चिपसेट के संगे आई। हाल ही में आइकू 12 के हैंड्स से फोटो भी लीक भईल बा। ए लोग के मुताबिक, आइकू 12 के डिजाइन पछिला मॉडल से अलग होई अवुरी रियर पैनल पs एकरा से बड़ कैमरा मॉड्यूल होई। कंपनी के नयकी सीरीज में बेस वेरिएंट के अलावे प्रो वेरिएंट भी होई।

फोन में डेडिकेटेड डिस्प्ले प्रोसेसर प्रो वेरिएंट के लॉन्च डेट के बारे में अबे ले कंपनी के ओर से कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल। आइकू 12 के सबसे पहिले चीन में लॉन्च कईल जाई। जीएसएम अरीना के मुताबिक, आइकू 12 के भी ए साल के अंत ले वैश्विक बाजार में लॉन्च कईल जाई। जीएसएम अरीना अपना रिपोर्ट में इहो कहलस कि कंपनी आइकू 12 में डेडिकेटेड डिस्प्ले प्रोसेसर भी पेश करे वाली बिया। इ हार्डवेयर ऐक्सेलरेटेड रे ट्रेसिंग फीचर के संगे आई। एकरा से फोन में अल्ट्रा-रियलिस्टिक लाइटिंग, रिफ्लेक्शन, अवुरी मोबाइल गेमिंग के बहुत बढ़िया अनुभव मिली। ए फोन में भारी ग्राफिक्स वाले पॉप्युलर गेम फ्रेम इंटरपोलेशन के संगे 144fps पs चली।

 

हो सकता कि इ फोन ए फीचर के संगे आ सकता। लीक भईल रिपोर्ट के मुताबिक कंपनी ए फोन में 6.7 इंच के E7 AMOLED डिस्प्ले देवे वाली बिया। इ डिस्प्ले 1.5K रेजॉलूशन अवरू 144Hz के रिफ्रेश रेट के संगे आई। फोटोग्राफी खातिर कंपनी ए फोन में एलईडी फ्लैश के संगे ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप दे सकता। एकरा में 50 मेगापिक्सल के मेन लेंस के संगे 50 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड एंगल लेंस अवुरी 64 मेगापिक्सल के टेलीफोटो सेंसर भी शामिल हो सकता।

कंपनी प्रो वेरिएंट में भी इहे कैमरा सेटअप दे सकता, लेकिन एकरा में आपके टेलीफोटो सेंसर के बजाय पेरिस्कोप सेंसर देखाई देवे के मउका मिल सकता। कंपनी के इ नाया सीरीज 24 जीबी तक के रैम अवरू 1 टीबी तक के इंटरनल स्टोरेज के संगे आ सकता। फोन के बैटरी के बारे में भी जानकारी पहिले के लीक में दिहल गईल रहे। बतावल जाता कि इ फोन 5200mAh के बैटरी के संगे आ सकता। इ बैटरी 120 वाट के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करी। इ फोन तीन रंग के विकल्प में आ सकता – सफेद, काला अवरू रेड वीगन लेदर।

 

 

Tags :
Gadget NewsMobilephoneTech News bhojapuriTech News in bhojapuritechnologyआइकू 12आइकू 12 smartphone
Advertisement
Next Article