टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

केरल में Nipah virus के बढ़ल खतरा, 60 लोग हाई रिस्क पऽ; रोकथाम के उपाय तेज

08:06 AM Jul 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

केरल में निपाह वायरस के प्रकोप बढ़ रहल बा। शनिचर के दिने एगो 14 बरीस के किशोरी में निपाह वायरस के पुष्टि भइल रहे। राज्य के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज भरोसा दिअवले बाड़ी कि राज्य एह मुद्दा से निपटे खातिर पूरा तरे तैयार बा। शनिचर के दिने एगो उच्च स्तरीय बइठक भइल जवना में निपाह वायरस के प्रसार रोके खातिर उठावल जाए वाला कदम पर चरचा भइल।

Advertisement

केरल में निपाह वायरस के पांचवा मामला सामने आइल बा।  मलप्पुरम में 14 साल के किशोरी में निपाह वायरस के पुष्टि भइल बा। राज्य में कोरोना वायरस के संभावित प्रकोप के लेके अलर्ट बा। ओने केरल के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज के अध्यक्षता में शनिचर के दिने मलप्पुरम जिला में एगो उच्च स्तरीय बइठक भइल जवना में निपाह वायरस के फइलावे से बचाव खातिर उठावे वाला कदम पर चरचा कइल गइल।

मलप्पुराम में निपाह वायरस के प्रकोप के बाद स्वास्थ्य मंत्री वीना जार्ज कहली कि राज्य ए मुद्दा से निपटे खातिर पूरा तरीका से तैयार बा। उऽ बतवले कि प्राथमिक संपर्क सूची में 214 लोग बाड़े, जबकि 60 लोग के उच्च जोखिम बा। एकरा संगे संपर्क सूची में शामिल सभ लोग के अलग-थलग कऽ दिहल जाई।

स्वास्थ्य मंत्री कहले कि मलप्पूराम में निपाह वायरस के पुष्टि भईला के बाद रोकथाम के उपाय तेज कइल गइल बा। आजु सबेरे से जोरदार गतिविधि हो रहल बा। राज्य पूरा तरह से तैयार बा। निपाह नियंत्रण खातिर सरकारी आदेश के तहत बनल मानक संचालन प्रक्रिया (एसओपी) के आधार पs 25 समिति बनावल गइल बा। शनिचर के सबेरे से संपर्क ट्रेसिंग शुरू हो गइल बा।

स्वास्थ्य मंत्री प्राथमिक संपर्क सूची में 214 लोग के रहल बतवले। एहमें शामिल करीब 60 लोग हाई रिस्क कैटेगरी में बा। मंजेरी मेडिकल कॉलेज में 30 गो आइसोलेशन रूम के व्यवस्था हो गइल बा। एकरा अलावे कोझिकोड मेडिकल कॉलेज में जरूरी आइसोलेशन वार्ड के भी व्यवस्था कइल गइल बा। रूट मैप प्रकाशित कइल जाई।

Tags :
big breaking breaking newshelth newsKerlaKhabar Bhojpuri NewsNewsNipah virusviruses
Advertisement
Next Article