टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लखनऊ एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी, मचल हड़कंप; बम स्क्वायड दस्ते के साथे पुलिस कइलस पड़ताल

08:46 AM May 13, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

लखनऊ:  चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बम से उड़ावे के धमकी एतवार के सांझ के मेल से मिलल। मेल एयरपोर्ट अथॉरिटी के करीब चार बजे मिलल रहे। एकरा बाद आंतरिक सुरक्षा अलर्ट कऽ दीहल गइल आ पुलिस के सूचना दिहल गइल। आनन-फानन में एसीपी कृष्णानगर विनय कुमार द्विवेदी इंस्पेक्टर सरोजनीनगर शैलेंद्र कुमार गिरी एलआइयू आ बम स्क्वायड दस्ता के टीम मौका पs पहुंचल।

Advertisement

लखनऊ। चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बम से उड़ावे के धमकी रविवार सांझ खा मेल से मिलल। मेल एयरपोर्ट अथॉरिटी के करीब चार बजे मिलल रहे। एकरा बाद आंतरिक सुरक्षा अलर्ट कऽ दिहल गइल आ पुलिस के सूचना दिहल गइल।

आनन-फानन एसीपी कृष्णानगर विनय कुमार द्विवेदी, इंस्पेक्टर सरोजनीनगर शैलेंद्र कुमार गिरी, एलआइयू आ बम स्क्वायड दस्त के टीम मौका पs पहुंचल। करीब डेढ़ से दू घंटा ले चेकिंग कइल गइल। परिसर में कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल। सीसी कैमरन के रिकार्डिंग कंट्रोल रूम से देखल गइल। हालांकि सीसी कैमरन में कवनो संदिग्ध व्यक्तियो ना देखल गइल।

सुरक्षाकर्मियन लो कइल चेकिंग

एयरपोर्ट अथारिटी के सूचना पs मेल भेजे वाला के बारे में जानकारी जुटावे खातिर साइबर क्राइम सेल के लगावल गइल बा। एसीपी बतवले कि सूचना के आधार चेकिंग कइल गइल रहे। कवनो संदिग्ध वस्तु नइखे मिलल। एकरा बाद सीआइएसएफ, सुरक्षा कर्मियन आ एयरपोर्ट अथारिटी के अधिकारियन के साथे बइठक कइल गइल। एकरा पहिले हालही में शहर के दू गो नामचीन स्कूल आ हजरतगंज मेट्रो स्टेशन के बम से उड़ावे के धमकी मेल से मिल चुकल बा।

Tags :
airportBhojpuri NewsBig braking newsKhabar Bhojpuri NewslucknowLucknow Airportlucknow news
Advertisement
Next Article