टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सड़क हादसा में तीन दोस्त जख्मी, एगो के इस्थिति गंभीर: पीछे से आ रहल बाइक मार देले रहे टक्कर, गंभीर रूप से घायल पटना रेफर

10:38 AM Jul 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

आरा-मोहनिया नेशनल हाईवे पs जिला के धनगाई थाना क्षेत्र के केसरी गांव के लगे सोमार के सड़क हादसा भइल रहे। जेमे बाइक सवार तीन दोस्त गंभीर रूप से जख्मी हो गइल। जख्मियन में एगो ले इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहां से प्राथमिक उपचार के बाद पटना रेफर कs दिहल गइल बा। जबकि दुगो जख्मियन के इलाज स्थानीय पीएचसी में करावल जा रहल बा।

Advertisement

जख्मियन में तीयर थाना क्षेत्र के हेतमपुर गांव निवासी संतोष ठाकुर के 20 साल के लईका प्रकाश ठाकुर, नरेश ठाकुर के 12 साल के लईका अमित ठाकुर आ रविंद्र सिंह के 13 साल के लईका बिट्टू कुमार सामिल बा लो। एमे प्रकाश ठाकुर बक्सर के डुमरांव इस्थित सैलून में नाई के काम करलें।

दुगो के स्थानीय पीएचसी में भर्ती करावल गइल 

जख्मी प्रकाश ठाकुर के परिजन दीपक ठाकुर बतवलें कि ऊ अपना दुगो दोस्तन के संगे मरांव जात रहे लो। एही दौरान केसरी गांव के लगे पीछे से आ रहल कवनो बाइक टक्कर मार देलस।

जवना से अनियंत्रित होके बाइक पलट गइल आ तीनो जख्मी हो गइल लो। जवना के बाद गंभीर हालत में ओकरा इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहां से प्राथमिक उपचार करे के बाद उनकर हालत के चिंताजनक देखत पटना रेफर कs दिहल गइल। जबकि जख्मी उनका दुगो दोस्तन के इलाज स्थानीय पीएचसी में करावल गइल। ओहिजा, इलाज कs रहल चिकित्सक बतावल लो कि जख्मी जुवक के बहुते गंभीर चोट आइल बा। पटना रेफर कs दिहल गइल बा।

Tags :
Aarah NewsBhojpuri NewsOne seriously Injuredroad accidentThree Friends in Road AccidentThree injured
Advertisement
Next Article