For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा: महाकुंभ के लेके तीन स्पेशल ट्रेनन के परिचालन : 17 स्टेशनन पs होई ठहराव

11:41 AM Jan 12, 2025 IST | Anurag Ranjan
छपरा  महाकुंभ के लेके तीन स्पेशल ट्रेनन के परिचालन   17 स्टेशनन पs होई ठहराव
महाकुंभ खातिर तीन ट्रेनन के संचालन कइल जाई
Advertisement

छपरा। प्रयागराज महाकुंभ मेला 2025 में श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर रेलवे बड़ पहल कइले बा। छपरा-झूंसी-छपरा रूट पर तीन जोड़ी अनारक्षित विशेष ट्रेनन के संचालन कइल जाई। एह ट्रेनन से पूर्वी उत्तर प्रदेश आ बिहार के श्रद्धालुअन के महाकुंभ में स्नान के सुविधा मिली।

Advertisement

पहिला ट्रेन (05157) छपरा से झूंसी खातिर जनवरी में तीन आ फरवरी में एक दिन चली। ई दुपहरिया 12:30 बजे छपरा से चलके रात 8:40 बजे झूंसी पहुंची। वापसी ट्रेन (05158) जनवरी में छव आ फरवरी में एक दिन सबेरे 6:30 बजे झूंसी से चलके दुपहरिया 2:50 बजे छपरा पहुंची।

तीसरका ट्रेन नव फेरा लगाई

दूसरका ट्रेन (05128) 27 जनवरी के झूंसी से रात 10:35 बजे चलके अगिला दिन सबेरे 7:30 बजे छपरा पहुंची। तीसरका ट्रेन (05129) सबसे जादे नव फेरा लगइहें, जेमे जनवरी में छव आ फरवरी में तीन फेरा सामिल बा। ई सांझ 6:30 बजे छपरा से चलके अगिला दिन रात 2:25 बजे झूंसी पहुंची।

यात्रियन के सुविधा खातिर ई विशेष ट्रेन सुरेमनपुर, सहतवार, बांसडीह रोड, बलिया, फेफना, चितबड़ा गांव, करीमुद्दीनपुर, यूसुफपुर, गाजीपुर सिटी, नंदगंज, औंड़िहार, वाराणसी सिटी, वाराणसी जंक्शन, बनारस, माधो सिंह, ज्ञानपुर रोड आ हंडिया खास स्टेशनन पs रुकी। रेलवे प्रशासन यात्रियन के संभावित भीड़ के देखत ई विशेष बेवस्था कइले बा।

Read Also: Gorakhpur News: गोरखपुर महोत्सव के समापन आज, सीएम योगी पांच लोगन के गोरखपुर रत्न सम्मान से नवजिहें

Tags :
Advertisement