टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना में पोल से बान्ह के तीन जुवकन के पिटाई : चोर होखला के शक में लोग लात-घूंसा, चप्पल आ पत्थर बरसावल

02:10 PM Mar 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना के नौबतपुर में तीन जुवकन के पोल से बान्ह कs के पीटल गइल। एह पिटाई के वीडियो सामने आइल बा, जेमे कुछ लोग जुवक के लात-घूंसा, चप्पल से मार रहल बा। कुछ लोग पत्थरन से मारत लउक रहल बा।

Advertisement

घटना नौबतपुर के एगो गांव के हs, जहां मंगर के सबेरे ग्रामीण लोग तीन जुवक के पोल से बान्ह के मारपीट कइल। चोर होखला के शक में लोग तीन लोगन के पकड़ले रहे। हालांकि बाद में ग्रामीण लोग नौबतपुर थाना के हवाले कs दिहल।

नशा के हालत में तीनो जुवक के पुलिस थाना ले आइल। आरोपियन से पुलिस पूछताछ कइल जा रहल बा। पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी विक्रम सिहाग बतवलें कि तीनो जुवक के नशा के हालत में अजय नगर बालाजी गांव से पकड़ल गइल बा। स्थानीय लोग बान्ह के पिटाई कइले बा। एह बीच पुलिस के जानकारी मिलल रहे।

गांव में जानवरन के चोरी हो रहल बा

बालाजी गांव के ग्रामीण लोग बतावल कि पिछला कुछ दिनन से गांव में जानवरन के चोरी हो रहल बा। घर के आगे लागल गाड़ियन के गायब हो जाए के शिकायत बा। एसे ग्रामीण बहुते परेसान बा लो। वार्ड संख्या छव में कुछ जुवक चोरी के नीयत से गांव में घुस आइल रहलें सs। एकर सूचना ग्रामीणन के लाग गइल। एकरा बाद ग्रामीण लोग समूचा गांव के लोगन के जमा कs के तीनो चोर के घेर के पकड़ लेलस। फेर पोल से बान्ह के पिटाई कइल गइल।

ग्रामीण लोग देले रहे पुलिस के जानकारी

ग्रामीण लोगन में से कुछ लोग एकर सूचना नौबतपुर थाना के दिहल। नौबतपुर थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। तीनो जुवकन के अपना कब्जा में लेके थाना ले आइल। पुलिस के ई मानल बा कि तीनो जुवक नशा के हालत में रहले सs। बतावल जा रहल बा कि तीनो जुवक खुद के गांव के एको रिश्तेदार के घर जाये के बात बतावत रहले सs।

Tags :
Bhojpuri NewsNaubatpur NewsPatna NewsThree Youths CaughtYouth beaten
Advertisement
Next Article