For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Tim Southee: भारत के खिलाफ सीरीज से पहिले टिम साउदी देलें कप्तान के पद से इस्तीफा, जानीं केकरा मिलल जिम्मेदारी

12:59 PM Oct 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
tim southee  भारत के खिलाफ सीरीज से पहिले टिम साउदी देलें कप्तान के पद से इस्तीफा  जानीं केकरा मिलल जिम्मेदारी
Advertisement

भारत के खिलाफ तीन मैचन के टेस्ट सीरीज से पहिले न्यूजीलैंड के टीम के तगड़ा झटका लागल बा। टिम साउदी टेस्ट टीम के कप्तानी से इस्तीफा दे देलें बाड़ें। न्यूजीलैंड क्रिकेट बोर्ड मंगर के एकर जानकारी देलें। साउदी ई फैसला अपना खेल में सुधार ले आवे खातिर लिहल गइल बा।

Advertisement

साउदी काहे छोड़लें कप्तानी?

तेज गेंदबाज कहलें- हम टीम के हित में कप्तानी छोड़े के फैसला कइलें बानी। न्यूजीलैंड के कप्तानी कइल हमरा खातिर बहुते खास रहल बा। हम हमेसा अपना करियर में टीम के प्राथमिकता देले बानी आ हमरा माने के बा कि ई फैसला टीम खातिर सही बा। अब हम अपना प्रदर्शन पs ध्यान केंद्रित कs के टीम के बेहतर सेवा कs सकत बानी।

केन विलियमसन के जगह संभरले रहस पद

35 वर्षीय गेंदबाज केन विलियमसन के कप्तानी से हटला के बाद ई पद संभरले रहस। ऊ 14 टेस्ट मुकाबलन में कीवी टीम के कमान संभरले। एमे छव मैचन में जीत, छव में हार मिलल, जबकि दुगो मुकाबला ड्रॉ रहल।

श्रीलंका 2-0 से हरवलस

हाले में न्यूजीलैंड के टीम के श्रीलंका दौरा पs मुंह के खाये के पड़ल रहे। ओकरा के मेजबान दु मैचन के टेस्ट सीरीज में 2-0 से हरवले रहे। गॉल में खेलल गइल पहिला मुकाबला में श्रीलंका 63 रन से जीत दर्ज कइले रहे, जबकि दूसरका मैच में मेजबान कीवी टीम के पारी आ 154 रन से हरवले रहे। एह सीरीज में साउदी कुछ खास कमाल ना दिखा सकलें। ऊ खाली दु विकेट ले सकलें।

साउदी के जगह लैथम के मिलल जिम्मेदारी

न्यूजीलैंड क्रिकेट टिम साउदी के इस्तीफा के बाद नया कप्तान के एलान कs देले ना। टॉम लैथम के नया कप्तान नियुक्त कइल गइल बा। सलामी बल्लेबाज पहिलहूं टीम के कप्तानी कs चुकल बाड़ें। ऊ नव मैचन में ब्लैक कैप्स के कप्तानी कइलें बाड़ें। अब ऊ भारत दौरा पs टीम के कमान संभरिहें।

कब सुरू होई भारत आ न्यूजीलैंड के बीच टेस्ट सीरीज?

भारत आ न्यूजीलैंड के बीच तीन मैचन के टेस्ट सीरीज 16 अक्तूबर से सुरू होई। पहिला मुकाबला बेंगलुरू में खेलल जाई। एह सीरीज के दूसरका आ तीसरका मैच क्रमश: 24 अक्तूबर (पुणे) आ एक नवंबर के (मुंबई) खेलल जाई। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल के लिहाज से ई सीरीज दुनो टीमन खातिर अहम बा। 74.24 के अंक प्रतिशत के संगे भारत शीर्ष पs बा जबकि कीवी टीम छठा पायदान पs बा। उनकर अंक प्रतिशत 37.50 के बा।

Tags :
Advertisement