For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

BREAKING: राशन घोटाला ममिला में TMC नेता गिरफ्तार: रेड डाले गइल ED टीम पs भइल रहे हमला

09:51 AM Jan 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
breaking  राशन घोटाला ममिला में tmc नेता गिरफ्तार  रेड डाले गइल ed टीम पs भइल रहे हमला
Advertisement

पश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना जिला से प्रवर्तन निदेशालय (ED) TMC नेता आ बोंगांव नगर पालिका के पूर्व अध्यक्ष शंकर अध्य के सनीचर छव जनवरी के सबेरे गिरफ्तार कs लेलस। ED आ CRPF के टीम सुक पांच जनवरी के शंकर आ TMC नेता शेख शाहजहां के घरे रेड डाले गइल रहे। एह दौरान उनकर समर्थक लोग अधिकारियन पs हमला कs दिहल।

Advertisement

ED सुक के रात में हमला के लेके बयान जारी कइलस। जांच एजेंसी सोशल प्लेटफॉर्म X पs बतवलस- 'करीब 800 से 1000 लोगन के भीड़ हत्या करे के इरादा से हमला कइले रहे। भीड़ के लगे लाठी, पत्थर, ईंट जइसन हथियार रहे। हमला में तीन अधिकारियन के गंभीर चोट आइल बा। फिलहाल ओह लोगान के इलाज जारी बा।'

अधिकारी लोग बतावल कि भीड़ ओह लोगन के मोबाइल फोन, लैपटॉप, कैश आ वॉलेट (पर्स) छीन लेलस। एकरा अलावे ओह लोगन के वाहनन के बुरा तरे से क्षतिग्रस्त कs देलस।

Tags :
Advertisement