टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

West Bengal: लोकसभा चुनाव से पहिले विधायक तापस रॉय टीएमसी छोड़लें, कहलें- पार्टी के कार्यप्रणाली से बानी निराश 

04:50 PM Mar 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लोकसभा चुनाव के तइयारियन के बीच पश्चिम बंगाल के सत्ताधारी पार्टी तृणमूल कांग्रेस के एगो बड़ झटका लागल बा। विधायक तापस रॉय पार्टी से इस्तीफा दे देले बाड़ें। इस्तीफा देवे से पहिले ऊ संदेशखाली मुद्दा से निपटे के तरीका पs नाराजगी जतवले रहस। ऊ एही दौरान लोकसभा चुनाव से पहिले पार्टी छोड़े के संकेतो देले रहस।

Advertisement

पार्टी से नाराज रहलें तापस रॉय

विधानसभा में टीएमसी के डिप्टी चीफ ऑफ व्हिप पार्टी के आलोचना कइलें। ऊ बतवलें कि जनवरी में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) जब उनका आवास पs छापेमारी कइलस, तब पार्टी उनका साथे ना रहे। तापस रॉय कहलें, "पार्टी के कार्यप्रणाली से निराश बानी। हम पार्टी आ सरकार के खिलाफ लागल एतना सारा भ्रष्टाचार के आरोपन से तंग आ गइल रहनी। दूसरका बात ई बा कि जवना तरे से संदेशखाली मुद्दा के संभारल गइल, हम ओकर समर्थन नइखी करत।"

टीएमसी के वरिष्ठ नेता कुणाल घोष आ ब्रत्य बसु उनका के मनावे खातिर आज सबेरे उनका आवास पs पहुंचल लो। उनकर उत्तरी कोलकाता के सांसद सुदीप बंदोपाध्याय से विवादो चलत रहे। तापस रॉय कहलें, "हम पिछला 25 बरिसन से पार्टी के एगो ईमानदार नेता रहले, बाकिर हमारा हमार हक कबो ना मिलल।" इस्तीफा के बाद जब उनका से भाजपा में सामिल होखे के लेके सवाल कइल गइल तs ऊ फिलहाल एह पs कवनो तरे के टिप्पणी करे से इनकार कs देलें।

Tags :
Bhojpuri NewsmlaTapas RaiTapas Rai ResignsTMC LeaderWest Bengal News
Advertisement
Next Article