For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जाड़ा में भी चमक उठी मुह, गुलाब जल के साथे एs एक चीज के करीं इस्तेमाल

03:11 PM Dec 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
जाड़ा में भी चमक उठी मुह  गुलाब जल के साथे एs एक चीज के करीं इस्तेमाल
गुलाब जल
Advertisement

जाड़ा में त्वचा के चमक अक्सर गायब हो जाला। अगर आप भी जल्दी से जल्दी अपना त्वचा के खोवल चमक के वापस पावे के चाहतानी, तs आपके अपना त्वचा के देखभाल के दिनचर्या में दु चीज़ के शामिल करे के होई। रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि गुलाब जल अवुरी ग्लिसरीन दुनो आपके त्वचा खातीर वरदान साबित हो सकता। बता दी कि कइसे…

Advertisement

घरेलू उपाय अपनाइ
अगर रउआ गुलाब जल के अपना त्वचा के देखभाल के दिनचर्या के हिस्सा बना देनी तs आपके त्वचा के आपन खोवल नमी वापस मिल सकता। त्वचा के सूखापन से छुटकारा पावे खातिर आप हाइड्रेटिंग गुण वाला गुलाब जल के इस्तेमाल कs सकतानी। आईं बता दी कि गुलाब जल अवुरी ग्लिसरीन मिला के ओकरा के लगावे से आप अपना त्वचा के कई गुना चमक बढ़ा सकतानी। ध्यान रहे कि गुलाब जल अवुरी ग्लिसरीन के मात्रा बराबर होखे के चाही।

त्वचा खातिर वरदान
गुलाब के पानी अवुरी ग्लिसरीन के मिश्रण आपके जिद्दी पिंपल्स के समस्या से राहत देवे में कारगर साबित हो सकता। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर रात में सुते से पहिले एs मिश्रण के अपना चेहरा पs लगाई अवुरी ओकरा बाद अगिला दिन सबेरे उठला के बाद चेहरा धो लीं। कुल मिलाके गुलाब जल अवुरी ग्लिसरीन में पावल जाए वाला सभ तत्व आपके त्वचा के स्वास्थ्य खातीर वरदान साबित हो सकता।

रउरा खाली फायदा मिली

गुलाब जल अवुरी ग्लिसरीन के मिश्रण आपके त्वचा पs मौजूद मृत कोशिका के हटावे में मददगार साबित हो सकता। कुल मिलाके एs मिक्सर के मदद से आपके त्वचा के गहराई से साफ कईल जा सकता। एs दुनो चीज़ के एक संगे लगावे से आपके त्वचा के कोशिका के आराम मिल सकता। हालांकि, एs मिश्रण के पूरा चेहरा पस् लगावे से पहिले पैच टेस्ट कईल ना भूलाए के चाही।

इहो पढ़ीं: पीएम मोदी राज कपूर के 100वीं जयंती पs दिहले श्रद्धांजलि, शोमैन के तारीफ में कहले इs बात

Tags :
Advertisement