टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आज बा JP यूनिवर्सिटी में PG में नामांकन के आखिरी तिथि; रात 11 बजे तक कइल जा सकी आवदेन, 10 दिसंबर से सुरू होई पढ़ाई

10:10 AM Nov 30, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी सत्र 2022-24 खातिर आज 30 नवंबर गुरुवार नामांकन के अंतिम तिथि हs। फर्स्ट सेमेस्टर में नामांकन खातिर अप्लाई के प्रक्रिया 22 नवंबर से सुरू कइल गइल रहे। यूनिवर्सिटी के तरफ से जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक 30 नवंबर के रात 11:00 बजे तक जेपी यूनिवर्सिटी के वेबसाइट आवेदन करे खातिर खुलल रही।

Advertisement

जहां विद्यार्थी वेबसाइट लिंक खोल के पीजी सत्र 2022-24 खातिर अप्लाई कs सकत बा लो। बता दीं कि अबकी बेर कुल 17 विभागन में नामांकन के प्रक्रिया चल रहल बा। प्रो० प्रोफेसर हरिश्चंद्र बतवलें कि 4486 सीटन पs नामांकन होखे के बा।

सत्र में देरी होखला से नामांकन में हो रहल बा देरी

पिछला सत्र बहुते लेट होखला के कारण 2022-24 के सत्र में नामांकन डेढ़ साल लेट सुरू भइल बा। पहिला मेघा सूची के प्रकाशन 5 दिसंबर के होई। प्रोफेसर हरिश्चंद्र बतवलें कि 10 दिसंबर से पीजी पहिला सेमेस्टर के क्लास सुरू कs दिहल जाई। ओइसे कुल 4486 सीट ना भरला के इस्थिति में नामांकन खातिर आवेदन करे के तिथि में विस्तार कइल जा सकत बा।

जयप्रकाश विश्वविद्यालय से संबंध रखे वाला सीवान, छपरा आ गोपालगंज के पीजी कॉलेज में नामांकन होई। वेबसाइट पs एकर सूची डालल गइल बा। अप्लाई करत घरी स्टूडेंट आपन कॉलेज के चुनाव कs सकी लो।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsJP UniversityLast Date For Enrollment in PG
Advertisement
Next Article