टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

OTS योजना के आज अंतिम दिन, नगर निगम गोरखपुर में 133 बकायदारन के 150 करोड़ बकाया: कर न जमा कइला पs सील होई संपत्ति

01:27 PM Dec 31, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर नगर निगम में 133 लोगन पs 150 करोड़ रुपिया से जादे के संपत्ति कर बकाया बा। 31 दिसंबर तक एकमुश्त समाधान योजना OTS में बकायेदार भुगतान ना कइलाlस तs निगम सब बकायेदारन पs कार्रवाई करे के तइयारी कs रहल बा। नगर निगम के बकायेदारन के सूची में सरकारी आ निजी दुनो श्रेणी के लोग बा। जे संपत्ति कर (गृहकर, जलकर, सीवर) ना जमा कs के एह योजना से दूरी बनवले बा। नगर निगम ओह लोगन से टैक्स में छूट के संगे बिल जमा करे के अपील कs रहल बा।

Advertisement

बड़ बकाएदारन के संपत्ति होई सील

लोगन के सुविधा खातिर नगर निगम कावर से "आपके द्वार" योजना चलावल जा रहल बा। रोजाना कैंप लगावल जा रहल बा, एकरा बादो बकाएदार भुगतान नइखे करत लो। OTS के अंतिम दिन बीतला के बाद नगर निगम बकाएदारन के सूची की तइयार करी। सूत्रन के अनुसार बड़े बकाएदारन के संपत्ति सील करे के कार्रवाई कइल जा सकत बा।

शहर के बड़ बकाएदार

घर के बगल वाला कैंप में जमा कs दीं टैक्स

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बकाएदारन से अपील कइले बाड़ें कि जनसुविधा खातिर अलग-अलग वार्डन में कैंप लगावल जा रहल बा। एकरा पीछे के मंशा बा कि शहर के लोगन के कर जमा करे में दिक्कत ना हखे। घर के बगल में कैंप लगावे से आसानी से लोग कर के भुगतान कs सकी।

Tags :
133 defaultersBhojpuri NewsGorakhpur Nagam NigamMore than 150 Crores dueOTS Plan
Advertisement
Next Article