टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चैत्र नवरात्रि स्पेशल: आजु जानीं उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला के एगो अनोखा मंदिर के बारे में! 

08:15 AM Apr 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

आजु खबर भोजपुरी नवरात्रि स्पेशल में चैत्र नवरात्रि के आठवां दिने उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला के एगो अनोखा मंदिर बुढ़िया माई मंदिर के बारे में। चैत्र नवरात्रि में बुढ़िया माई मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटेला।

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला के एगो अनोखा मंदिरa के कहानी सुनावे जा रहल बानी। ई मंदिर गोरखपुर जिला मुख्यालय से 12 किलोमीटर के दूरी पs बा। कुसमही जंगल में मौजूद एह मंदिर के बुढ़िया माई मंदिर के नाम से जानल जाला।

इतिहास

बुढ़िया से जुड़ल दू गो कहानी एह इलाका में मशहूर बा. पहिला कहानी छह सौ साल पुरान बा। एकरा मुताबिक जंगल से गुजरत तुर्रा नाली पs बनल लकड़ी के पुल से बारात निकलत रहे, जवना पs एगो नर्तकी सवार रहे। पुल पार करे से पहिले बुढ़िया नर्तकी के नाचे के कहली। जवना पs बियाह में आवे वाला लोग लेट होता कह के मजाक उड़ावत उहाँ से आगे बढ़ गईले। बियाह के बारात में शामिल एगो जोकर नाच के देखा दिहलस। एही से बूढ़ीया माई उनका के चेतवली कि बियाह के बारात के संगे पुल पs ना चढ़े के चाही। एकरा बाद बियाह के बारात से भरल गाड़ी जसही पुल पs पहुंचल, टूट गईल। दूल्हा समेत सभे नाली में गिर के मउत हो गईल। नाच के प्रदर्शन करे वाला जोकर के जान बच गईल। एकरा बाद बुढ़िया गायब हो गईली। मउत से बचल जोकर गांव के लोग के इs बात बतवले। तब से नाली के दुनो ओर के जगह के बुढ़िया माई के नाम से जानल जाला। नाली के दुनो ओर बुढ़िया माई के मंदिर बनल बा। एह दुनो मंदिरन के बीच के नाली के नाव से पार कइल जाला।

दूसरका कहानी इच्छा के पूर्ति से जुड़ल बा। विजहरा गांव के निवासी जोखू सोखा के मउत के बाद उनुकर परिवार के लोग उनुका के तुर्रा नाली में फेंक देले। थारु के तीन पिंडी ले पहुंचल लाश। बुढ़िया माई प्रकट होके जोखू के जिंदा कs दिहली। एकरा बाद जोखू ओहिजा पूजा करे लगले आ माँ के मूर्ति के ओही रूप में स्थापित कs के मंदिर बनववले जवना में ऊ माँ के देखले रहले.

कइसे पहुची

बुढ़िया माई मंदिर गोरखपुर जिला मुख्यालय से 12 किलोमीटर के दूरी पs कुसमही जंगल में स्थित बा। इहाँ पहुंचे खातीर शहर के मोहद्दीपुर चौराहा से ऑटो चाहे जीप जईसन गाड़ी से जा सकता। गाड़ी एयरपोर्ट के रास्ता से कुसमही जंगल में ले जाई। इहाँ बुढ़िया माता के मंदिर बा।

 

 

 

Tags :
Bhojpuri News Navratri SpecialBudhiya Mai TempleChaitra NavratriChaitra Navratri SpecialGorakhpur Districtखबर भोजपुरी नवरात्रि स्पेशलगोरखपुर जिलाचैत्र नवरात्रिचैत्र नवरात्रि स्पेशलबुढ़िया माई मंदिर
Advertisement
Next Article