टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: इs 3 गो योगासन कंट्रोल कs सकेला यूरिक एसिड

08:09 AM Jan 02, 2025 IST | Minee Upadhyay
यूरिक एसिड खातीर योग
Advertisement

बहुत लोग के शरीर में यूरिक एसिड बढ़े के समस्या के सामना करे के पड़ेला। असल में शरीर में प्यूरीन के मात्रा बढ़ला से एs समस्या के खतरा बढ़ जाला। अस्वस्थ खानपान के आदत के चलते शरीर में बढ़े वाला एs समस्या के चलते जोड़ में दर्द, ठंडा महसूस होखे अवुरी घुटना में दर्द के समस्या बनल रहेला। एकरा से राहत पावे खातिर लोग दवाई के मदद लेला। बाकिर अगर रउरा शरीर में यूरिक एसिड के स्तर के नियंत्रित कईल चाहतानी तs एs आसान योगासन के मदद लीही।

Advertisement

  1. अर्ध मत्स्येन्द्रासन ( Spinal half twist )
    एह योग आसन के अभ्यास से गोड़ के मांसपेशी में खिंचाव बढ़ जाला। एहसे दर्द अवुरी ऐंठन से राहत मिलेला अवुरी शरीर के लचीलापन बनल रहेला। एकरा अलावे इs शरीर में मौजूद जहरीला पदार्थ के विषमुक्त करे में भी मदद करेला।

एकरा के करे के तरीका जान लीं
एकरा खातिर पहिले चटाई पs बईठे के चाही। अब घुटना से दुनो गोड़ मोड़ लीं। दाहिना गोड़ जमीन पs रख दीं। बायां गोड़ के भी जमीन पs राखी। एकरा बाद बायां गोड़ के दाहिना हाथ से पकड़ीं। एकरा बाद बायां हाथ कमर के पीछे ले लीं। शरीर के क्षमता के अनुसार एह योग के अभ्यास करीं। एकरा से जोड़ में बढ़त दर्द के कम कईल जा सकता।

  1. सुखासन (Easy pose)
    एह योग आसन के अभ्यास से तन मन में शांति मिलेला। एहसे शरीर में आराम मिलेला अवुरी मुद्रा में सुधार होखेला। एकरा अलावे इs पाचन के बढ़ावा देवेला अवुरी शरीर में मौजूद अतिरिक्त यूरिक एसिड के विषमुक्त करे में मदद करेला।
  1. एकरा के करे के तरीका जान लीं
  2. एकरा खातिर चटाई पs बईठ के पीठ सीधा करीं। अब घुटना मोड़ के जमीन के छूईं। दुनो हथेली के घुटना पs आराम से राखी। एकरा दौरान कमर में तनाव महसूस होखेला, सीधा बईठ के लम्बा सांस लेवे अवुरी सांस छोड़ी। आँख बंद कs के शरीर के क्षमता के मुताबिक अभ्यास करीं।
  3. पश्चिमोत्तानासन (Seated forward bend)
    पश्चिमोट्टानासन के अभ्यास से यूरिक एसिड के स्तर के प्रबंधन में मदद मिलेला। इs किडनी के उत्तेजित कs के यूरिक एसिड के छाने में मदद करेला। एकर अभ्यास कईला से रीढ़ अवुरी हैमस्ट्रिंग पs तनाव होखेला।

एकरा के करे के तरीका जान लीं
सबसे पहिले चटाई पs बईठ के आगे दुनो गोड़ सीधा कs लीही। अब दुनु बाँहि के आगे ले आई. एकरा बाद कमर से शरीर के आगे मोड़ के दुनो हाथ से गोड़ के पकड़े के कोशिश करीं. एकरा दौरान कोहनी के मोड़ के जमीन के छूई।

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

Tags :
Easy poseGood Morning NewsHealthLifestyle NewsLifestyle News in Bhojpuri.Seated forward bendSpinal half twistToday morning newsuric acidYoga newsYoga Posesअर्ध मत्स्येन्द्रासनपश्चिमोत्तानासनयोगासुखासनसेहत
Advertisement
Next Article