For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'आज के भोजपुरी गायक ना, नचनियां हउंवे...'- सिंगर भरत शर्मा

03:27 PM Sep 25, 2024 IST | Sonu Kishor
 आज के भोजपुरी गायक ना  नचनियां हउंवे      सिंगर भरत शर्मा
भोजपुरी गायक भरत शर्मा
Advertisement

'आज के भोजपुरी गायक ना, नचनियां हउंवे...'- सिंगर भरत शर्मा

Advertisement

भोजपुरी गीतन के गायक भरत शर्मा व्यास आज काल्ह रचत भोजपुरी गीतन के फूहड़ बतवले बाड़न। एह गीतन के गावे वाला गायकन के उऽ नचनियां बतवले। उनकर कहनाम बा कि भोजपुरी गीतन में अश्लीलता चरम पर चहुँप गइल बा। बता दीं कि भरत शर्मा बुध के दिने आयकर से जुड़ल मामिला के सुनवाई खातिर धनबाद कोर्ट चहुँपल रहले।

भोजपुरी गीत गायक भरत शर्मा व्यास एगो अइसन बयान दिहले बाड़न जवन भोजपुरी इंडस्ट्री में हलचल मच रहल बा। आज के भोजपुरी गायकन के उऽ नचनियां बतवले बाड़न। उनकर कहनाम बा कि बिना महिला नर्तकी के उनकर दोकान बंद हो जाई।आपन बयान देत गायक शर्मा महाभारत काल के पात्र दुशासन आ द्रौपदी के भी जिक्र कइले।

असल में बुध के दिने धनबाद आइल मशहूर भोजपुरी गीत गायक भरत शर्मा व्यास के एगो अलगे अंदाज में देखल गइले। आयकर से जुड़ल मामला के सुनवाई खातिर उऽ धनबाद पहुंचल रहले। इहाँ उऽ कोर्ट में आपन मौजूदगी दर्ज करवले। जानकारी के मुताबिक शर्मा के खिलाफ टीडीएस छिपावे के मामला चल रहल बा।

Tags :
Advertisement