For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आज के इतिहास : स्वतंत्र भारत के सबसे विवादित दिन 25 जून के देश में आपातकाल लगावल गइल रहे, जानी अवुरी महत्वपूर्ण घटना

08:09 AM Jun 25, 2024 IST | Raj Nandani
आज के इतिहास   स्वतंत्र भारत के सबसे विवादित दिन 25 जून के देश में आपातकाल लगावल गइल रहे  जानी अवुरी महत्वपूर्ण घटना
Advertisement

शायदे कवनो भारतीय 25 जून के तारीख याद राखल चाहत होई। ई दिन इतिहास के सबसे विवादित दिन खातिर याद कइल जाला। आज के दिने तत्कालीन प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी भारत में आपातकाल लगावे के घोषणा कइले रहली। भारत में 25 जून 1975 से 21 मार्च 1977 तक 21 महीना के अवधि खातिर आपातकाल लागू कइल गइल।

Advertisement

इतिहास में 25 जून के दिन भारत के नजरिया से एगो महत्वपूर्ण घटना के साक्षी रहल बा। 1975 के आज के दिन देश में आपातकाल के घोषणा भइल जवना से बहुत ऐतिहासिक घटना के जन्म भइल। भारत में इमरजेंसी 25 जून 1975 से 21 मार्च 1977 तक 21 महीना के अवधि खातिर लगावल गइल रहे| तत्कालीन राष्ट्रपति फखरुद्दीन अली अहमद तब के प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के नेतृत्व वाली सरकार के सिफारिश पs भारतीय संविधान के अनुच्छेद 352 के तहत देश में आपातकाल के घोषणा कइले रहले। स्वतंत्र भारत के इतिहास में इ सबसे विवादित दौर रहे| आपातकाल में चुनाव स्थगित कर दिहल गइल । देश आ दुनिया के इतिहास में 25 जून के तारीख के दर्ज कुछ अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा:

  •  1529 : मुगल शासक बाबर बंगाल जीत के आपन राजधानी आगरा लवट आइल ।
  •  1788 : वर्जीनिया अमेरिकी संविधान अपनावे वाला दसवाँ राज्य बनल ।
  • 1941 : फिनलैंड सोवियत संघ पर हमला के एलान कइलस ।
  •  1947 : एही दिन ऐनी फ्रैंक के 'डायरी ऑफ ए यंग गर्ल' प्रकाशित भइल। एकर लाखों प्रति बिकाइल आ एकर अनुवाद 67 भाषा में भइल।
  •  1950 : उत्तर आ दक्खिन कोरिया के बीच गृहयुद्ध शुरू भइल जवन बाद में अंतर्राष्ट्रीय शीत युद्ध के रूप ले लिहलस।
  •  1974 : बॉलीवुड अभिनेत्री करिश्मा कपूर के जनम।
  •  1975 : इंदिरा गांधी के नेतृत्व में कांग्रेस सरकार के सलाह पs राष्ट्रपति फखरुद्दीन अली अहमद देश में आपातकाल लगावे के घोषणा कइले।
  •  2005 : ईरान के राष्ट्रपति चुनाव में बेहद कट्टरपंथी मानल जाए वाला महमूद अहमदीनेजाद के जीत के एलान भइल ।
  •  2009 : माइकल जैक्सन के निधन, जे पश्चिमी संगीत आ नृत्य के नया परिभाषा लिखले रहलें आ दुनिया भर के लाखन लोग इनके पसंद कइल।
Tags :
Advertisement