For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL 2025 Mega Auction: IPL खातीर आजु सजी खिलाड़ियन के मंडी

12:34 PM Nov 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
ipl 2025 mega auction  ipl खातीर आजु सजी खिलाड़ियन के मंडी
IPL 2025 Mega Auctio
Advertisement

Advertisement

इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) 2025 के मेगा नीलामी 24 आ 25 नवंबर के सऊदी अरब के जेद्दा में होखे वाला बा. ई लगातार दुसरका साल बा जब विदेश में आईपीएल के नीलामी हो रहल बा.  आईपीएल के आखिरी नीलामी दुबई में भइल रहे. फ्रेंचाइजी के सगरी दस गो टीम के साथे साथ प्रशंसको एह मेगा नीलामी के बेसब्री से इंतजार करत बाड़े.  एह मेगा नीलामी से जुड़ल कुछ महत्वपूर्ण बातन के बारे में जानीं...

केतना खिलाड़ियन पs बोली लगावल जाई?

अबकी बेर मेगा नीलामी में 577 खिलाड़ियन पs बोली लगावल जाई. 577 गो चुनल गइल खिलाड़ियन में से 367 गो भारतीय आ 210 गो विदेशी खिलाड़ी बाड़े जवना में एसोसिएट देशन के 4 गो खिलाड़ी शामिल बाड़े. एसोसिएट देशन के खिलाड़ियन में उन्मुक्त चंद, अली खान, सौरभ नेत्रवलकर आ ब्रैंडन मैकमुलेन शामिल बाड़े. हालांकि कुल मिला के मात्र 204 खिलाड़ी के सभ टीम खरीद सकता, जवना में से अधिकतम 70 खिलाड़ी विदेशी खिलाड़ी होईहे।  अबकी कुल 641 करोड़ रुपया सभ 10 टीम के पर्स में बाचल बा।

अगर देखल जाव तs 577 खिलाड़ियन के सूची में 82 गो अइसन खिलाड़ी बाड़े जिनकर बेस प्राइस दू करोड़ रुपिया बा. जबकि 27 खिलाड़ियन के बेस प्राइस डेढ़ करोड़ रुपिया राखल गइल बा. एह सब के अलावा 1.25, 1 करोड़, 75 लाख, 50 लाख, 40 लाख आ 30 लाख के बेस प्राइस वाला खिलाड़ियन के भी एह सूची में शामिल कइल गइल बा।  अबकी बेर नीलामी में ऋषभ पंत, केएल राहुल, मोहम्मद शमी, श्रेयस अय्यर, रव‍िचंद्रन अश्विन आ युजवेंद्र चहल जइसन बड़का खिलाड़ी शामिल हो रहल बाड़े. इs सभ 2 करोड़ रुपया के बेस प्राइस पs भी अपना के सूचीबद्ध कs लेले बाड़े। जोस बटलर, ग्लेन मैक्सवेल, मिचेल स्टार्क, डेविड वॉर्नर, ट्रेंट बोल्ट, फाफ डु प्लेसिस, हैरी ब्रूक, जॉनी बेयरस्टो, एनरिक नॉर्किया, कगिसो रबाडा जइसन विदेशी सितारन के बेस प्राइस भी दू करोड़ रुपिया बा.

मेगा नीलामी के सबसे उम्रदराज अवुरी युवा खिलाड़ी के बाड़े?

बिहा खातिर घरेलू क्रिकेट खेले वाला वैभव सूर्यवंशी एह मेगा नीलामी में शामिल सबले कम उमिर के खिलाड़ी हउवें आ उनुकर बेस प्राइस 30 लाख रुपिया बा. ईएसपीएन क्रिसिन्फो के मोताबिक वैभव सूर्यवंशी के जनम 27 मार्च 2011 के भइल आ वर्तमान उमिर 13 साल 242 दिन (24 नवंबर 2024) बा।  दोसरा तरफ एह नीलामी में शामिल सबले पुरान खिलाड़ी बाड़े इंग्लिश दिग्गज जेम्स एंडरसन बाड़े.

42 साल के एंडरसन आपन बेस प्राइस 1.25 करोड़ रुपया रखले बाड़े।  एंडरसन 2014 के बाद से कवनो टी-20 मैच नइखन खेलले आ कबो आईपीएल के हिस्सा ना रहलें। बाकिर , अबकी बेर उs आईपीएल में प्रवेश करे के फैसला कईले। एंडरसन जुलाई 2024 में क्रिकेट से संन्यास लेले रहले। एंडरसन टेस्ट क्रिकेट के इतिहास में सबले बेसी विकेट लेबे वाला तेज गेंदबाज हउवें.

हर टीम में केतना खिलाड़ी हो सकेलें?

मेगा नीलामी खतम भइला के बाद हर टीम में कम से कम 18 गो खिलाड़ी होखल अनिवार्य बा. कवनो टीम में अधिका से अधिका 25 गो खिलाड़ी हो सकेलें. साथही कवनो टीम अधिका से अधिका 8 गो विदेशी खिलाड़ी के मैदान पs उतार सकेले.

कवना टीम के लगे सबसे बड़ पर्स बा?

अबकी बेर आईपीएल नीलामी में पंजाब किंग्स के लगे सबले बेसी 110.5 करोड़ रुपिया के रकम बा. नीलामी से पहिले पंजाब में महज दू गो खिलाड़ी (शशांक सिंह आ प्रभसिमरन सिंह) के बरकरार रखले रहुवे. दोसरा तरफ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के पर्स में 83 करोड़ रुपिया बाचल बा जवन दुसरका सबले अधिका बा. नीलामी में राजस्थान रॉयल्स के सबसे कम पर्स (41 करोड़) होई।

IPL खिलाड़ियन के रिटेंशन लिस्ट

गुजरात टाइटन्स (GT)

- शुभमन गिल (16.5 करोड़)

- राशिद खान (18 करोड़)

- साई सुदर्शन (8.5 करोड़)

- शाहरुख खान (4 करोड़)

- राहुल तेवतिया (4 करोड़)

लखनऊ सुपर जायंट्स (LSG)

- निकोलस पूरन (21 करोड़)

- मयंक यादव (11 करोड़)

- रवि बिश्नोई (11 करोड़)

- आयुष बदोनी (4 करोड़)

- मोहसिन खान (4 करोड़)

मुंबई इंडियंस (MI)

- हार्दिक पंड्या (16.35 करोड़)

- सूर्यकुमार यादव (16.35 करोड़)

- रोहित शर्मा (16.30 करोड़)

- जसप्रीत बुमराह (18 करोड़)

- तिलक वर्मा (8 करोड़)

चेन्नई सुपर किंग्स (CSK)

- ऋतुराज गायकवाड़ (18 करोड़)

- मथीशा पथिराना (13 करोड़)

- शिवम दुबे (12 करोड़)

- रवींद्र जडेजा (18 करोड़)

- महेंद्र सिंह धोनी (4 करोड़)

सनराइजर्स हैदराबाद (SRH)

- पैट कमिंस (18 करोड़)

- हेनरिक क्लासेन (23 करोड़)

- अभिषेक शर्मा (14 करोड़)

- ट्रेविस हेड (14 करोड़)

- नीतीश कुमार रेड्डी (6 करोड़)

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB)

- विराट कोहली (21 करोड़)

- रजत पाटीदार (11 करोड़)

- यश दयाल (5 करोड़)

दिल्ली कैपिटल्स (DC)

- अक्षर पटेल (16.50 करोड़)

- कुलदीप यादव (13.25 करोड़)

- ट्रिस्टन स्टब्स (10 करोड़)

- अभिषेक पोरेल (4 करोड़)

कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR)

- सुनील नरेन (12 करोड़)

- रिंकू सिंह (13 करोड़)

- आंद्रे रसेल (12 करोड़)

- वरुण चक्रवर्ती (12 करोड़)

- हर्षित राणा (4 करोड़)

- रमनदीप सिंह (4 करोड़

पंजाब किंग्स (PBKS)

- शशांक सिंह (5.5 करोड़)

- प्रभसिमरन सिंह (4 करोड़)

राजस्थान रॉयल्स (RR)

- संजू सैमसन (18 करोड़)

- यशस्वी जायसवाल (18 करोड़)

- रियान पराग (14 करोड़)

- ध्रुव जुरेल (14 करोड़)

- शिमरॉन हेटमायर (11 करोड़)

- संदीप शर्मा (4 करोड़)

सभ टीमन के बकाया पर्स

पंजाब किंग्स- 110.5 करोड़

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु- 83 करोड़

दिल्ली कैपिटल्स- 73 करोड़

लखनऊ सुपर जायंट्स- 69 करोड़

गुजरात टाइटन्स- 69 करोड़

चेन्नई सुपर किंग्स- 55 करोड़

कोलकाता नाइट राइडर्स- 51 करोड़

सनराइजर्स हैदराबाद- 45 करोड़

मुंबई इंडियंस- 45 करोड़

राजस्थान रॉयल्स- 41 करोड़

Tags :
Advertisement