सरकारी नौकरी : RPF में 4660 पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के बिहान आखिरी दिन, 10वीं से लेके ग्रेजुएट्स तक कs सकेला अप्लाय
11:41 AM May 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स माने RPF में सब-इंस्पेक्टर आ कॉन्स्टेबल के पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के बिहान आखिरी दिन हs। उम्मीदवार वेबसाइट rpf.indianrailways.gov.in पs जाके अप्लाय कs सकत बा लो।
Advertisement
वैकेंसी डिटेल्स :
- आरपीएफ सब इंस्पेक्टर (SI) : 452 पद
- आरपीएफ कॉन्स्टेबल : 4208 पद
- कुल पदन के संख्या : 4660
एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :
- आरपीएफ एसआई : कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से ग्रेजुएशन के डिग्री।
- कॉन्स्टेबल : कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से 10वीं पास।
आयु सीमा :
- कॉन्स्टेबल : न्यूनतम आयु 18 वर्ष।
- एसआई : न्यूनतम आयु 20 वर्ष।
- अधिकतम आयु दुनो पदन खातिर 28 बरिस तय कइल गइल बा।
- आरक्षित श्रेणी से आवे वाला उम्मीदवारन के ऊपरी आयु में नियमानुसार छूट दिहल जाई।
- आयु के गिनती एक जुलाई 2024 के धेयान में रखके कइल जाई।
फीस :
- जनरल, ओबीसी, ईडब्ल्यूएस : 500 रुपिया
- एससी, एसटी, पीएच, महिला उम्मीदवार : 250 रुपिया
सिलेक्शन प्रोसेस :
- कंप्यूटर आधारित परीक्षा (CBT)
- शारीरिक दक्षता परीक्षा (PET)
- शारीरिक मानक परीक्षा (PET)
- डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन (DV)
- चिकित्सा परीक्षण (ME)
एग्जाम पैटर्न :
- ई परीक्षा 90 मिनट (1 घंटा 30 मिनट) खातिर आयोजित कइल जाई।
- हर गलत उत्तर खातिर हर प्रश्न के कुल अंकन में से एक-तिहाई अंक काट लिहल जाई।
सैलरी :
- 21,700 - 35,400 रुपिया प्रति माह सैलरी मिली।
अइसे करीं आवेदन :
- ऑफिशियल वेबसाइट rpf. Indianrailways.gov.in पs जाई।
- होम पेज पs आरपीएफ भर्ती 2024 के लिंक पs क्लिक करीं।
- अब एगो नया लॉगिन विंडो लउकी।
- मेल आईडी, फोन नंबर आदि दर्ज कs के रजिस्ट्रेशन करीं।
- सब डिटेल्स दर्ज कs के फीस जमा करीं।