टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खंड में दर्दनाक हादसा, 6 लइकन के डूबले से मउत, ग्रामीण हत्या के लगइले आरोप, SHO के बनइले बंधक

08:12 AM Aug 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

झारखंड के दू गो जिला गढ़वा आ रामपुर में एगो दुखद हादसा हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक देवघर अवुरी गढ़वा जिला के जलाशय से शुक के 6 लईकन के लाश बरामद भईल। पुलिस इs जानकारी देले बिया। देवघर में शुक के सबेरे तीन लईका पोखरा में डूब गईले पुलिस बतवले बिया। एसडीपीओ ऋत्विक श्रीवास्तव के मुताबिक सोनारायथारी थाना क्षेत्र के तहत डोडिया गांव के एगो तालाब में आठ अवुरी नौ साल के बच्चा के लाश मिलल बा। ओह लोग के माता-पिता बतवले कि बियफ़ें से तीनों लइका लापता बाड़े अवुरी जब एs लोग के कवनो निशान ना मिलल तs उs लोग थाना में शिकायत दर्ज करवले रहले।

बांध से तीन लइका के लाश बरामद भईल

एकरा बाद शुक के दुपहरिया झारखंड के गढ़वा जिला में एगो बांध में तीन अवुरी लइका डूब गईले। बंशीधर नगर उंटारी के अनुमंडल पुलिस अधिकारी सत्येन्द्र नारायण सिंह बंशीधर नगर पंचायत क्षेत्र के बभनी खंड बांध से तीन बच्चा के लाश बरामद भईल बतवले। बियफ़ें से तीनों बच्चा लापता रहले। बच्चन के परिवार एकरा के हत्या कह रहल बा।

 

 

Tags :
accidentChildrenjharkhandmurderpoliceTension
Advertisement
Next Article