टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रोहतास में दर्दनाक हादसा, सिपाही भर्ती के दउड़ लगा रहल 3 गो युवकन पऽ चढ़ल ट्रक 

04:43 PM Sep 24, 2024 IST | Sonu Kishor
रोहतास में तीन गो युवकन पऽ चढ़ल ट्रक
Advertisement

रोहतास जिला के संझौली थाना क्षेत्र में एगो दुर्भाग्यपूर्ण घटना घटल बा, जहवाँ एगो असंतुलित ट्रक सिपाही भर्ती के जीडी बहाली के शारीरिक परीक्षा के तइयारी करत तीन गो नवहन के कुचल देलस। मौका पs दु युवक के मौत हो गइल आ एगो युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल। पुलिस घटना के जानकारी मिलते मौका प पहुंच के कार्रवाई शुरू कऽ देलस।

Advertisement

मंगर के सबेरे रोहतास के संझौली स्थानीय थाना के आरा-सासाराम सड़क पs सोनी गांव के नजदीक एगो असंतुलित ट्रक सिपाही भर्ती के जीडी सिपाही बहाली शारीरिक परीक्षा में हाजिर होखे के अभ्यास करत तीन युवक के उपर चढ़ गइल।

जवना में से दु लोग के मौका प मौत हो गइल। एगो युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल। मरेवाला में संझौली थाना क्षेत्र के सोनी गांव निवासी वकील सिंह के बेटा दीपक कुमार (22 साल) आ राजपुर थाना क्षेत्र के पकड़ी गांव निवासी जयराम सिंह के बेटा सत्येंद्र कुमार उर्फ बजरंगी (23 साल) शामिल बाड़े।

 

Tags :
Accident Accident News in BhojpuriAccident news todayRohtas accident newsRohtas NewsRohtash newsTruck Accident
Advertisement
Next Article