टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Train News: बिहार में चलत ट्रेन में अपराधी लूट- पाट के दौरान यात्री के मरले गोली

11:19 AM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
फोटो: पीड़ित के इलाज खातिर हॉस्पिटल में भर्ती करावल गइल
Advertisement

Train news : दानापुर-पीडीडीयू रेलखंड पऽ मुंबई जा रहल लोकमान्य तिलक मुंबई जनता एक्सप्रेस में हथियार से लैस निडर अपराधी यात्रियन के लूटले। मना कइला पऽ ट्रेन में सवार एगो यात्री के गोली मार दिहल गइल। इ घटना शनिवार के रात करीब एक बजे सदीसोपुर स्टेशन के नजदीक भइल। जब अपराधी यात्री के लूटपाट के इरादा से चलत ट्रेन में चढ़ले आ एगो यात्री के लूटपाट करे से मना कइला पऽ गोली मार देले।

Advertisement

घायल के पहचान यूपी के मंडुआडीह थाना क्षेत्र के भुलनपुर गांव के निवासी 40 साल के कृष्ण मोहन उपाध्याय के रूप में भइल बा। जेकरा बयान पऽ दानापुर जीआरपी चार से पांच अनजान हमलावर के खिलाफ मामला दर्ज करवले बिया। मिलल जानकारी के मुताबिक आरा सदर अस्पताल में कृष्ण मोहन उपाध्याय के प्राथमिक इलाज के बाद उनकर परिवार बनारस ले गइल।

घायल यात्री कृष्ण मोहन के चचेरा भाई ओम प्रकाश उपाध्याय बतवले कि दुनो लोग पटना के एगो कंपनी में जमीन के सर्वेक्षण में काम करेले। शनिचर के रात दुनो पटना से ट्रेन नंबर (13201) लोकमान्य तिलक मुंबई जनता पंडित दीनदयाल उपाध्याय में जात रहले। ओह लोग के स्लीपर बोगी में सीट नंबर 41 आ 44 रहे। दुनु जने बर्थ पऽ लेटल रहले, ट्रेन करीब एक बजे सदीसोपुर स्टेशन के लगे पहुंचल रहे कि चार-पांच हथियारबंद अपराधी घुस के सवारियन से बैग छीने लगले।

अपराधी उनको बैग छीन के भागे लगले। बैग छीने के विरोध करत उनकर चचेरा भाई कृष्ण मोहन उपाध्याय के अनजान अपराधी दु गोली मार देले। जवना के चलते उऽ गंभीर रूप से घायल हो गइले। चचेरा भाई से मिलल जानकारी के मुताबिक एक गोली उनका दाहिना हाथ से लागल जबकि दूसरा गोली उनका दाहिना छाती से गुजरल। घटना के अंजाम देला के बाद अपराधी तुरंत ट्रेन से भाग गइले।

जइसही कृष्ण मोहन उपाध्याय के गोली लागल तऽ चचेरा भाई ओम प्रकाश 139 पऽ फोन कऽ घटना के पूरा जानकारी देले। जब ट्रेन आरा स्टेशन पऽ पहुंचल तऽ जीआरपी अउरी आरपीएफ उनका के इलाज खातिर सदर अस्पताल रेफर कऽ देले। दानापुर जीआरपी प्रभारी सुधीर कुमार सिंह के मुताबिक अपराधी के पहचान अउरी गिरफ्तारी खातिर बिहटा अउरी सदीसोपुर आ बाकी इलाका में छापामारी करे में व्यस्त बिया।

Tags :
Crime news Biharkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newslatest train newsTrain crime newsTrain News in Bhojpuri
Advertisement
Next Article