छपरा से चले वाली ट्रेन प्रभावित: इंदरा-फेफना रेलखंड पs काम के लेके रेलवे विभाग लेलस निर्णय, देखीं प्रभावित ट्रेनन के लिस्ट
01:58 PM Feb 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
रेलवे प्रशासन कावर से वाराणसी मंडल के इंदारा-फेफना खण्ड पs इंदारा-रतनपुर-रसड़ा के बीच दोहरीकरण के परिप्रेक्ष्य में प्री-नॉन इंटरलॉक, नॉन इंटरलॉक काम कइल गइला के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। छपरा रूट से चले वाली कइयन ट्रेनन के पुननिर्धारण, शॉर्ट टर्मिनेट/ ओरिजिनेशन आ नियंत्रण कइल गइल बा। ई जनाकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना मार्ग से संचालित होखे लागी।
Advertisement
- बलिया से 28 फरवरी, 2024 के चले वाली 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी बलिया से 100 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
- वाराणसी सिटी से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 15132 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस वाराणसी सिटी से 60 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
- गोरखपुर से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 19490 गोरखपुर-अहमदाबाद एक्सप्रेस गोरखपुर से 120 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
शार्ट टर्मिनेशन/शार्ट ओरिजिनेशन
- छपरा से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 05443 छपरा-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी भटनी में शार्ट टर्मिनेट होई। ई गाड़ी भटनी-मऊ के बीच निरस्त रही।
गाड़ियन के नियंत्रण
- सूरत से 01 मार्च, 2024 के चले वाली 19045 सूरत-छपरा एक्सप्रेस मार्ग में 100 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- सूरत से 29 फरवरी,2024 के चले वाली 19045 सूरत-छपरा एक्सप्रेस मार्ग में 45 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- दादर से 02 मार्च, 2024 के चले वाली 01027 दादर-गोरखपुर विशेष गाड़ी मार्ग में 90 मिनट नियंत्रित कs चलावल जाई।