For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यातायात ब्लॉक के चलते छपरा से चले वाली ट्रेन प्रभावित: इंटरलॉकिंग के लेकर विभाग ने लिया निर्णय, यात्रियन के हो रहल बा परेसानी

11:07 AM Dec 29, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
यातायात ब्लॉक के चलते छपरा से चले वाली ट्रेन प्रभावित  इंटरलॉकिंग के लेकर विभाग ने लिया निर्णय  यात्रियन के हो रहल बा परेसानी
Advertisement

पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत छपरा जंकशन पs यार्ड रिमाडलिंग, छपरा-गौतमस्थान के मध्य दोहरीकरण आ विद्युतीकरण आउर छपरा-छपरा कचहरी के मध्य तीसरका लाइन के कमीशनिंग खातिर प्री-नान इंटरलॉकिंग आ नान इंटरलॉकिंग कार्य के लेके यातायात ब्लॉक दिहल गइल बा।

Advertisement

ब्लॉक दिहल गइला के चलते गाड़ियन के शार्ट ओरिजिनेशन/शार्ट टर्मिनेशन, नियंत्रण आ रि-शिड्यूलिंग कइल गइल बा। छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रहिहें सs। ई जानकारी पीआरओ अशोक कुमार देले बाड़ें। निश्चित समय के बाद सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागल।

शार्ट ओरिजिनेशन

  • छपरा से 29 से 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 05443 छपरा-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-सीवान के मध्य निरस्त रही।
  • छपरा से 29 से 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 05248 छपरा-सोनपुर मेमू विशेष गाड़ी छपरा कचहरी से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा कचहरी-छपरा के बीच  निरस्त रही।
  • छपरा से 29, 30, 31 दिसंबर, 2023 आ 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 2024 के चले वाली 19046 छपरा-सूरत एक्सप्रेस आजमगढ़ से चलावाल जाई। ई गाड़ी छपरा- आजमगढ़ के बीच निरस्त रहेगी।
  • छपरा से 6 जनवरी, 2024 के चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस सीवान से चलावल जाई। यह गाड़ी छपरा-सीवान के बीच निरस्त रही।

गाड़ियन के नियंत्रण

  • नई दिल्ली से 29, 30, 31 दिसंबर, 2023 आ 01, 02, 03, 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 12554 नई दिल्ली-सहरसा एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • हावड़ा से 29, 30, 31 दिसंबर, 2023 आ 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 2024 के चले वाली 13019 हावड़ा-काठगोदाम एक्सप्रेस मार्ग में 30 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • नई दिल्ली से 29, 30, 31 दिसंबर, 2023 आ 01, 02, 03, 04, 05, 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 12562 नई दिल्ली-जयनगर एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

पुनर्निर्धारण

  • दरभंगा से 29, 30, 31 दिसंबर, 2023 आ 01, 04, 06, 07 आउर 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 12565 दरभंगा-नई दिल्ली एक्सप्रेस दरभंगा से 60 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
Tags :
Advertisement