छपरा के रास्ते चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: फिरोजपुर मंडल में काम के लेके संचालन में बदलाव, देखीं सूची
11:52 AM Jul 06, 2024 IST
|
khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
रेलवे प्रशासन यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालन सुविधा खातिर उत्तर रेलवे के फिरोजपुर मंडल के सानेहवाल-अमृतसर रेल खंड पs इस्थित करतारपुर स्टेशन पs उन्नयन कार्य खातिर प्री-नॉन इंटरलॉक आ नॉन इंटर लॉक कार्य कइल गइला के कारण गाड़ियन के पुनर्निधारण आ नियंत्रण कइल गइल बा।
Advertisement
एमे छपरा के रास्ते चले वाली ट्रेन प्रभावित रहिहें सs। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। सब प्रभावित ट्रेन छपरा से अमृतसर रूट के प्रमुख ट्रेन हई सs।
- दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- दरभंगा से 06 जुलाई, 2024 के चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस दरभंगा से 180 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 35 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- दरभंगा से 07 जुलाई, 2024 के चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस दरभंगा से 120 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 35 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- कटिहार से 08 आ 09 जुलाई, 2024 के चले वाली 15707 कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस कटिहार से 150 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 50 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- कटिहार से 10 जुलाई, 2024 के चले वाली 15707 कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस कटिहार से 240 मिनट पुनर्निधारित कs के अम्बाला मंडल में 45 मिनट आ फिरोजपुर मंडल में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
Next Article