For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छत्तीसगढ़ में 46 IPS अफसरन के तबादला, संतोष कुमार सिंह के मिलल रायपुर के जिम्मेदारी, प्रशांत अग्रवाल भेजल गइले बस्तर

10:50 AM Feb 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
छत्तीसगढ़ में 46 ips अफसरन के तबादला  संतोष कुमार सिंह के मिलल रायपुर के जिम्मेदारी  प्रशांत अग्रवाल भेजल गइले बस्तर
Advertisement

Advertisement

छत्तीसगढ़ सरकार भारतीय पुलिस सेवा (आईपीएस) के अधिकारी के तबादला के आदेश जारी कईले बिया। बता दीं कि छत्तीसगढ़ के 46 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा। छत्तीसगढ़ गृह विभाग देर रात तबादला सूची जारी कइलस। जारी सूची के मुताबिक राजधानी रायपुर समेत बहुत जिला के पुलिस अधीक्षक में बदलाव कईल गईल। कई गो रेंज के आईजी में भी बदलाव कईल गईल बा। जारी आदेश के मुताबिक 2011 के बैच के आईपीएस संतोष सिंह के रायपुर एसपी के कमान दिहल गईल बा। जबकि रायपुर के एसएसपी, प्रशांत अग्रवाल के बस्तर भेज दिहल गइल बा। आईपीएस डॉ. छाबड़ा, अजय कुमार यादव, बद्री नारायण मीणा के पुलिस मुख्यालय नवा रायपुर के पुलिस महानिरीक्षक के पद पs तैनात कइल गइल बा। एकरा संगे रतन लाल डांगी के रायपुर के आईजी के अतिरिक्त प्रभार से मुक्त कs दिहल गईल बा, उनुका जगह पs केंद्र से प्रतिनियुक्ति पs लवटल अमरेश मिश्रा अब इs जिम्मेदारी संभाल लीहे। संजीव शुक्ला अब बिलासपुर के नयका आईजी बन जइहें।

एह जिलन के आईपीएस अधिकारी बदल दिहल गइल

राज्य में भाजपा के नयकी सरकार बनला के बाद राज्य सरकार पुलिस विभाग में एगो बड़ सर्जरी में 46 आईपीएस अधिकारी के तबादला कs देले बिया। दीपांशु काबरा के सेवा परिवहन विभाग से वापस ले लिहल गइल बा आ उनुका के पुलिस मुख्यालय रायपुर के अपर पुलिस महानिदेशक के जिम्मेवारी दिहल गइल बा। पुलिस अधीक्षक जशपुर डी. रविशंकर के अब अपर परिवहन आयुक्त बनावल गइल बा। जबकि एमआर अहिरे के सूरजपुर, दीपक झा के राजनांदगांव, इंदिरा कल्याण अलेसेला के कांकेर, आशुतोष सिंह के महासमुंद, विवेक शुक्ला के जांजगीर चांपा, शशि मोहन सिंह के जशपुर, विजय अग्रवाल के सरगुजा, रामकृष्ण साहू के बेमेतरा, जितेंद्र शुक्ला के दुर्ग, दिव्यांग पटेल के रायगढ़ जिला के एसपी बनावल गइल बा। जहां शलभ सिन्हा के जगदलपुर, भावना गुप्ता के गौरेला पेंड्रा मरवाही, सूरज सिंह के कोरिया, सिद्धार्थ तिवारी के कोरबा, जितेंद्र यादव के बीजापुर, आंजनेय वार्ष्णेय के धमतरी, अंकिता शर्मा के सक्ती, रजनेश सिंह के बिलासपुर अवुरी सरजू राम भगत के बालोद जिला के जिम्मेदारी मिलल।

Tags :
Advertisement