For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

महाराष्ट्र के रायगढ़ में बस पलटे से बड़ हादसा, दु गो यात्रीयन के मउत, 50 से जादा घवाहिल

11:50 AM Dec 30, 2023 IST | Minee Upadhyay
महाराष्ट्र के रायगढ़ में बस पलटे से बड़ हादसा  दु गो यात्रीयन के मउत  50 से जादा घवाहिल
Advertisement

Advertisement

महाराष्ट्र के रायगढ़ में एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा। बस पटरी से उतरत घरी दू गो यात्रियन के मउत हो गइल बा जबकि 50 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। एसपी रायगढ़ बतवले कि आजु सबेरे करीब साढ़े सात बजे मानगांव थाना क्षेत्र के तम्हानी घाट इलाका में एगो ट्रैवल बस पलटला से दू लोग के मउत हो गइल आ 55 लोग घवाहिल हो गइल। घाही लोग के इलाज खातीर नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

बस में लइका रहले

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक ए दुर्घटना तब भईल जब स्कूल ट्रिप पुणे से कोंकण जात रहे। अधिकांश बच्चा बस में बईठल रहले। ई भयानक हादसा पुणे आ मानगांव के बीच तम्हानी घाट पs एगो कठिन मोड़ पs भइल। हादसा कोंडेघर गांव के सीमा में भइल। घटना के जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस मउका पs पहुंचल। एकरा बाद महाड, मनगांव से बचाव दल अवुरी एम्बुलेंस के भी मउका पs भेजल गईल बा।

Tags :
Advertisement