टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जनवरी में घूमे के 6 बेहतरीन जगहा, ईहां सानदार सफर के साथे मिली यादगार एक्सपीरियंस

09:10 AM Jan 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

जनवरी के यात्रा स्थल : यात्रा के शौकीन अधिकांश लोग साल के शुरुआत यात्रा से कईल पसंद करेले। अइसना में लोग अक्सर जनवरी के सबसे बढ़िया यात्रा के जगह के तलाश करेला। हालांकि जनवरी में देश के कईगो अद्भुत गंतव्य के खोज कs सकेनी, लेकिन जनवरी में देश के कुछ जगहन के दौरा जीवन भर खातिर यादगार अनुभव साबित हो सकेला। आई जानल जाव, जनवरी में घूमे खातिर कुछ बेहतरीन जगहन के नाव जवना के घूम के रउआ आपन सफर यादगार बना सकेनी।

१-चंबा, हिमाचल प्रदेश 

जाड़ा में लोग अक्सर हिमाचल प्रदेश के शिमला आ मनाली जइसन मशहूर जगहन पs घूमे के पसन्द करेला बाकिर जनवरी में चंबा के यात्रा रउरा यात्रा के यादगार बना सकेला। चम्बा में ट्रेकिंग करत घरी 100 साल पुरान भवन, कई गो मंदिर, मणिमहेश झील आ काला टॉप नेशनल पार्क भी देखे के मिलेला।

२-कलिमपोंग, पश्चिम बंगाल 

जनवरी में पश्चिम बंगाल के कलिमपोंग के दौरा एगो सही विकल्प साबित हो सकेला। सिलिगुड़ी कॉरिडोर से महज 70 किलोमीटर दूर स्थित कलिमपोंग में हिमाचल के बरफ से ढंकल खूबसूरत चोटी देखे के मिलेला। एकरा अलावा कलिमपोंग के मठ, शहर आ बाजार के भी एक्सप्लोर कs सकेनी।

३-खुजराहो, मध्य प्रदेश 

अगर रउरा जाड़ा में सामान्य तापमान वाला जगहन पs जाए के योजना बनावत बानी तs खुजराहो के दौरा रउरा खातिर सबसे बढ़िया हो सकेला। खुजराहो में भव्य मंदिर से लेके शानदार वास्तुकला आ सूर्यास्त के खूबसूरत नजारा तक के आनंद ले सकेनी।

४-जयपुर, राजस्थान

राजस्थान के राजधानी जयपुर भी जनवरी में घूमे खातिर सबसे बढ़िया जगह साबित हो सकेला। जयपुर में सिटी पैलेस, हवा महल, आमेर फोर्ट, नाहरगढ़ पहाड़ी आ जलमहल के दीदार करे के मिलेला। एकरा अलावे जयपुर के मशहूर राजस्थानी खाना के स्वाद लेके आप अपना सफर के चार चांद लगा सकतानी।

५-डॉकी, मेघालय

मेघालय में स्थित डॉकी पूर्वोत्तर के मशहूर यात्रा स्थल में से एगो हs। खासकर जनवरी में डॉकी के खूबसूरती अउरी सामने आवेला। डॉकी से ना खाली बांग्लादेश के सीमा देखे के मिलेला, बलुक नदी, झरना, पहाड़ आ जंगल के दौरा करके भी आपन सफर यादगार बना सकेनी।

६-मदुरै, तमिलनाडु 

मदुरै के तमिलनाडु के मशहूर पर्यटन स्थल में गिनल जाला, लेकिन जनवरी के मदुरै घूमे खातिर सबसे बढ़िया समय मानल जाला। जनवरी में रउरा एहिजा मशहूर मामाल्लापुरम फेस्टिवल के आनंद ले सकेनी। साथ ही मीनाक्षी मंदिर के फ्लोट फेस्टिवल में भाग लेके रउआ आपन सफर के खास आ यादगार बना सकेनी।

 

 

 

 

Tags :
ChambaDockyJaipurKalimpongKhujrahoLifestyleMaduraiTourTour and TravelsTravelकलिमपोंगखुजराहोचंबाजयपुरडॉकीमदुरै
Advertisement
Next Article