टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दु गो बेटा मिलके माई के पेड़ से बांध दिहले, फेर जिंदा जरा दिहले

09:17 AM Sep 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

पश्चिम त्रिपुरा में 62 साल के महतारी के पेड़ से बांध के कथित तौर पs जरा के मारे के मामिला सोझा आईल बा। अधिकारी अतवार के दिने ई जानकारी दिहले. पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी बेटा के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पुलिस के आशंका बा कि पारिवारिक विवाद के चलते इs अपराध भईल बा।

Advertisement

पति के मउत डेढ़ साल पहिले हो गईल रहे

पुलिस के कहनाम बा कि, इs घटना शनिचर के रात चंपकनगर थाना क्षेत्र के खमारबाड़ी में भईल। करीब डेढ़ साल पहिले पति के मउत के बाद महिला अपना दुनो बेटा के संगे रहत रहली। उनकर तीसरका बेटा अगरतला में रहेला। जिरनीया अनुमंडल पुलिस अधिकारी कमल कृष्ण कोलोई बतवले कि, एगो महिला के जिंदा जरे के सूचना मिलला के बाद पुलिस टीम मौका पs पहुंचल अवुरी पेड़ से बान्हल जरावल लाश के बरामद कईलस। उs बतवले कि शव के पोस्टमार्टम खातीर अस्पताल भेजल गईल बा, 'हम उनुका दुनो बेटा के एs मामला में कथित तौर पs शामिल होखे के आरोप में गिरफ्तार कs लेले बानी।' सोमार के उनुका के अदालत में पेश कईल जाई अवुरी आगे के पूछताछ खाती पुलिस हिरासत में भेजे के निहोरा कईल जाई कोलोई कहले कि एs मामिला में आगे के जांच जारी बा।

बेटा के हत्या के आरोप में पिता समेत 8 लो गिरफ्तार

ओने उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला में अतवार के दिने पुलिस एगो आदमी के हत्या के मामिला में ओकरा पिता आ भाई समेत आठ लो के गिरफ्तार कs लिहलस. बरसठी थाना प्रभारी कश्यप कुमार सिंह अतवार के बतवले कि थाना क्षेत्र के खरगापुर खोरी गांव में पछिला बियफ़ें के रात भईल इs घटना। एही गांव के निवासी कैलाश नाथ शुक्ल अपना बेटा विनोद शुक्ल (47) के धार्मिक समारोह के बहाने अपना घरे बोलवले। उहाँ उs अपना पांच बेटा के संगे जमीन के विवाद के चलते विनोद पs हमला कs के हत्या कs देले।

उs बतवले कि विनोद के पत्नी के शिकायत पs पुलिस 14 लो के खिलाफ हत्या के मामला दर्ज कs देले बिया। सिंह बतवले कि विनोद के मउत के खबर के बाद कैलाश अवुरी उनुकर पांच बेटा फरार हो गईले। एसएचओ कहले कि, नामित 14 में से 8 संदिग्ध के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा, जवना में पिता अवुरी पांच आरोपी भाई शामिल बाड़े। बाकी आरोपी के गिरफ्तार करे के कोशिश जारी बा।

 

 

 

 

 

Tags :
Crime NewsmurdernortheastTripura
Advertisement
Next Article