टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

धारावी मस्जिद मामला में आइल नया मोड़, ट्रस्टी लो अवैध निर्माण हटावे खातीर मंगले समय

03:00 PM Sep 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
ट्रस्टी लो अवैध निर्माण हटावे खातीर मंगले समय: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

शहर के धारावी इलाका के शुभानिया मस्जिद पs भईल कार्रवाई के लेके सबेरे से हंगामा जारी रहल। हालांकि बाद में बीएमसी आठ दिन के समय देके कार्रवाई वापस ले लिहलस अवुरी अधिकारी भी वापस आ गईले। एs पूरा घटना के बाद अब ट्रस्टी बीएमसी के चिट्ठी लिखले बाड़े। एह चिट्ठी में मस्जिद के ट्रस्टी बीएमसी से 4-5 दिन के समय मंगले बाड़े। ट्रस्टी लोग चिट्ठी में लिखले बा कि ओह लोग के 4 से 5 दिन के समय दिहल जाव जेहसे कि ऊ लोग अपना बलबूते अवैध निर्माण के हटा सके. बीएमसी एगो प्रेस नोट जारी कs के इs जानकारी देले बिया।

ट्रस्टी बीएमसी के लिखलस चिट्ठी 

दरअसल बीएमसी धारावी इलाका में मौजूद शुभानिया मस्जिद के खिलाफ कार्रवाई के लेके नोटिस जारी कs चुकल रहे। आज जब बीएमसी के अधिकारी टीम के संगे कार्रवाई करे पहुंचले तs मुस्लिम समुदाय के लोग विरोध करे लगले। एह दौरान बीएमसी के गाड़ी में भी तोड़फोड़ भईल। मामला के बढ़त देख बीएमसी आठ दिन के समय देके कार्रवाई ना करे के फैसला कईलस। हालांकि एकरा कुछ देर बाद मस्जिद के ट्रस्टी बीएमसी के चिट्ठी लिखले, जवना में उs लोग खुद अवैध निर्माण के हटावे खातीर 4 से 5 दिन के समय मंगले बाड़े।

बीएमसी दिहलस समय 

एs संबंध में बीएमसी प्रेस नोट जारी कs कहलस कि नोटिस देला के बाद आज बीएमसी के टीम मस्जिद में अवैध निर्माण के खिलाफ कार्रवाई करे पहुंचल रहे। बाकिर मस्जिद के ट्रस्टी बीएमसी के चिट्ठी लिख के अपना बलबूते अवैध निर्माण के हटावे खातीर 4 से 5 दिन के समय देवे के कहले बाड़े, जवना के बीएमसी स्वीकार कs लेले बिया। नगर निगम प्रशासन के ओर से बतावल गईल बा कि ट्रस्टी लोग के निर्धारित समय में इss अतिक्रमण दूर करे के निर्देश दिहल गईल बा।

 

 

 

 

Tags :
bmcDharavi mosque caseMaharashtramumbaiMumbai News
Advertisement
Next Article