टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खुद से सादी करे वाली टिकटॉक स्टार कुबरा अयकुट के मउत; पांचवी मंजिल से गिरली

03:27 PM Sep 30, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

तुर्की के टिकटॉक के प्रभावशाली कलाकार कुबरा आयकुत के महज 26 बरीस के उमिर में निधन हो गइल. कुबरा अपना वेडिंग विदाउट एs ग्रूम (अपना से बियाह) वीडियो खातिर बहुत मशहूर भईल  रहली। तुर्की के मीडिया के मुताबिक, सोमार के इस्तांबुल के सुल्तानबेली जिला में एगो लग्जरी अपार्टमेंट बिल्डिंग के पांचवा मंजिल से गिरला के बाद टिकटॉक इनफ्लुएंसर के मउत हो गईल। स्थानीय अधिकारी के उनुका शव के लगे एगो सुसाइड नोट भी मिलल बा। मउत के कारण के पता लगावे खातिर जांच जारी बा।

प्रशंसक बतवले कि अपना मउत से पहिले आयकुत सोशल मीडिया पs एगो चिंताजनक पोस्ट कईले रहले। अपना निधन से ठीक पहिले उs अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs अपना वजन बढ़े के अनुभव के बारे में एगो दुखद संदेश लिखली। उs कहली कि हम आपन ऊर्जा जमा कs लेले बानी, बाकिर हमार वजन नईखे बढ़त। रोजाना वजन में कुछ किलो के कमी होखता। हमरा नइखे बुझात का करीं? हमरा तत्काल वजन बढ़ावे के जरूरत बा।

खासतौर पs 2023 में इनके अपरंपरागत वेडिंग विदाउट एs ग्रूम सीरीज खातिर पहचान मिलल। एगो सुन्दर सफेद गाउन आ माथे पs मुकुट पहिन के आपन बियाह कइली। एह दौरान उs कहले रहली कि हमरा अपना खातीर कवनो उपयुक्त दूल्हा नईखे मिलत। एगो अवुरी वीडियो क्लिप में उs बियाह के पोशाक में बर्गर के मजा लेत भी देखल गईली।

आयकुत के निधन के खबर से सोशल मीडिया पs शोक के लहर मच गईल। उनकर अनुयायी लोग चौंक गइल। उनुका निधन पs शोक जतावे खातीर बहुत प्रशंसक अवुरी अनुयायी अलग-अलग प्लेटफार्म पs उतरले। ऊ आयकुत के खूबसूरत दिल वाली परी कहले।

 

 

 

 

Tags :
Entertainment NewsKubra AykutKubra Aykut DeathKubra Aykut InstagramKubra Aykut NewsKubra Aykut SuicideKubra Aykut TikTok VideoTikTok Star DeathTikTok Star Kubra Aykut DeathTrending newsViral News
Advertisement
Next Article