टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

देसभर में ठप भइल X, Jio, Google सहित ऑनलाइन प्लेटफॉर्म्स के सेवा भइल ठप

09:41 AM Jun 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Jio Network Down: का रउओ वाट्सऐप, इंस्टाग्राम आ टेलीग्राम चलावे में दिक्कत हो रहल बा। तs रउआ अकेले नइखीं। देस में जियो,एयरटेल, गूगल आ कइयन गो  आउर ऑनलाइन सेवा ठप हो गइल बा। आउटेज ट्रैकर डाउनडिटेक्टर के मोताबिक, मंगर के दुपहरिया 1:44 बजे IST पs नेटवर्क डाउन होखे के रिपोर्ट आवे लागल। जानकारी के मोताबिक ई दिक्कत कवनो एगो कंपनी के सर्वर के नइखे। बलुक देसव्यापी नेटवर्क में दिक्कत हो सकत बा, जवना के चलते यूजर्स के ई समस्या आ रहल बा। Downdetector के मोताबिक अभी ई समस्या भारत में देखे के मिल रहल बा। देस से बाहर अभी कवनो देस में आउटेज के समस्या देखे के नइखे मिलल।

Advertisement

लोगन के एह समस्या से दु चार होखे के पड़ रहल बा। एकरा अलावे गूगल आ यूटयूबो के इहे हाल बा। कइयन गो बड़ प्रमुख शहरन में ई समस्या देखे के मिलल बा। आउटेज के मॉनिटर करे वाली साइट Downdetector के मोताबिक कइयन इलाकन में जियो ,एयरटेल, गूगल के सर्विस ठप हो गइल बा। करीब 3000 से जादे यूजर्स ऐप्स के डाउन होखे के शिकायत कइले बा लो। यूजर्स के सबसे जादे दिक्कत एक्स आ स्नैपचैट चलावे में आ रहल बा। जानकारी के मोताबिक नेटवर्क डाउन होखे से दुपहरिया करीब 1:30 बजे के आस-पास वाट्सऐप पs दिक्कत आवे लागल।

जवना के बाद से लोग सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs आपन शिकायत डाल रहल बा लो। एकरा अलावे 2:45 पs आइल जियो के आउटेज रिपोर्ट फेर से 1900 के पार हो गइल। ऐप्स के अलावे अब यूजर्स के जियो फाइबर आ इंटरनेट के चलावे में दिक्कत आ रहल बा। परेसान होके यूजर्स लगातार सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs आपन परेसानी जाहिर कs रहल बा लो।

कवना शहरन में दिख रहल बा सबसे जादे आउटेज

लगभग समूचा देस में आउटेज के समस्या देखे के मिल रहल बा, बाकिर Downdetector के मोताबिक चंडीगढ़, दिल्ली, लखनऊ, रांची, कोलकाता, कटक, नागपुर, सूरत, मुंबई, पुणे, हैदराबाद, बेंगलुरु, चेन्नई, गुवाहाटी में देखे के जादे मिल रहल बा।

कवना वजह से भइल ई आउटेज

अभी तक सरकार के तरफ से कवनो क्लेरिफिकेशन सामने नइखे आइल। जानकारन के मोताबिक ई एगो नेशनल सर्वर में दिक्कत होखे से ई हो सकत बा। फिलहाल अभी केहू अधिकारी एकर पुष्टि नइखे कइले लो।

Tags :
Bhojpuri NewsGoogle DownjioJio Network DownX Down
Advertisement
Next Article