टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Elon Musk: पराग अग्रवाल समेत एक्स के कइयन गो पूर्व अधिकारी एलन मस्क पs कइल मुकदमा, वेतन के लेके भइल विवाद

05:02 PM Mar 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) के पूर्व सीईओ पराग अग्रवाल आ एक्स के कइयन पूर्व शीर्ष अधिकारी एलन मस्क के खिलाफ मुकदमा कइले बा। मीडिया रिपोर्ट्स में अइसन दावा कइल गइल बा। विवाद नौकरी से निकालल जाये के बाद हर्जाना के तौर पs दिहल जाये वाला वेतन के लेके बा। पराग अग्रवाल के अलावे जवन आउर लोग एलन मस्क के खिलाफ मुकदमा कइले बा, ओमे नेड सीगल, एक्स के पूर्व सीएफओ, विजया गड्डे, एक्स के पूर्व चीफ लीगल ऑफिसर आ सीन एजेट, एक्स के पूर्व जनरल काउंसल के नाम सामिल है।

Advertisement

12.8 करोड़ डॉलर के भुगतान के लेके बा विवाद

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, पराग अग्रवाल सहित चारो अधिकारी एलन मस्क के खिलाफ 12.8 करोड़ डॉलर के विच्छेद वेतन (सेवेरेंस सैलरी) न देला के आरोप लगवले बा लो। एह अधिकारियन के एलन मस्क कावर से एक्स के अधिग्रहण करे के बाद नौकरी से निकाल दिहल गइल रहे। मस्क अधिकारियन के काम में लापरवाही बरते आ गलत आचरण के चलते नौकरी से निकलले रहस। हालांकि, ई अधिकारी लोग मस्क के आरोपन से इनकार कइले रहे लो।

पहिलहू मस्क के खिलाफ मोकदमा कs चुकल बा लो एक्स के पूर्व अधिकारी

एलन मस्क के खिलाफ कैलिफोर्निया के यूएस डिस्ट्रिक्ट कोर्ट में मुकदमा दायर कइल गइल बा। एमे दावा कइल गइल बा कि एक्स के पूर्व शीर्ष अधिकारियन के कॉन्ट्रैक्ट में ओह लोगन के नौकरी से निकालल गइला के बाद विच्छेद वेतन (नौकरी से निकालल जाये के इस्थिति में मिले वाला हर्जाना) देवे के बात रहे। अइसन में जब एक्स (पहिले ट्विटर) से निकालल गइला के बाद ओह लोगन के विच्छेद वेतन मिले के चाहत रहे। पराग अग्रवाल के विच्छेद वेतन के तौर पs 6 करोड़ डॉलर मिले के रहे। ओहिजा, सीगल के 4.6 करोड़ डॉलर, गड्डे के 2.1 करोड़ डॉलर मिले के रहे।

एक्स में भइल जांच के दौरान कानूनी फीस के भुगतान खातिर पराग अग्रवाल सहित आउर अधिकारी एलन मस्क के खिलाफ मुकदमा कइले रहे लो, जेमे बीतल अक्तूबर में अदालत एलन मस्क के एक्स के पूर्व अधिकारियन के 11 लाख डॉलर के भुगतान करे के निरदेस दिहल गइल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsElon MuskParag AgarwalTwitterTwitter CEOX
Advertisement
Next Article