टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हर्ष राज हत्याकांड में फरार चल रहल 2 आरोपियन के सरेंडर: रिमांड पs लेवे के तइयारी में पटना पुलिस

06:50 AM Jun 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना लॉ कॉलेज के छात्र हर्ष राज हत्याकांड में फरार चल रहल दु गो आरोपी कोर्ट में सरेंडर कs देले बाड़ें सs।गिरफ्तारी खातिर पुलिस लगातार छापेमारी करत रहे। कुर्की खातिर घर पs इश्तेहार चस्पा कइल गइल रहे। जवना के बाद पुलिस दबिश के कारण मधेपुरा के शिवम उर्फ लक्ष्य आ पूर्वी चंपारण के रहे वाला आर्यन कुमार सरेंडर कs देलें सs। एकर पुष्टि सिटी एसपी पूर्वी भरत सोनी कइले बाड़ें।

Advertisement

जानकारी के मोताबिक पटना पुलिस दुनो आरोपियन के रिमांड पs लेवे के तइयारी में बिया। रिमांड पs लेके पूछताछ कइल जाई। एकरा खातिर सवालन के लिस्ट तइयार बा। हालांकि एकर अभी आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। पुलिस के दावा बा कि जल्दिये फरार आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहल जाई। जवना खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

अभी ले पांच आरोपियन के गिरफ्तारी

एह ममिला में अभी ले पांच आरोपियन के गिरफ्तारी हो चुकल बा। तीन अभियुक्तन के खिलाफ वारंट पुलिस ले चुकल बिया। दुगो आउर अभियुक्तन के सत्यापन हो गइल बा। सीसीटीवी के आधार पs 10 आरोपियन के खिलाफ प्रत्यक्ष रूप से कार्रवाई कइल गइल बा।

पीट-पीटकर भइल रहे हत्या

27 मई के पटना यूनिवर्सिटी के लॉ कॉलेज परिसर में बीएन कॉलेज के छात्र हर्ष के अज्ञात लईका लोग पीट-पीटके मार डालल। हर्ष बीए थर्ड ईयर के पेपर देके निकलल रहे। बुलेट पs बइठके आगे बढ़तही लईका ईटा चलाके ओकरा के गिरा देलें सs। फेर हर्ष के बुरा तरे पीटे लगलें सs। हर्ष के एतना मरलें सs कि ओकर मौत हो गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsHarsh Raj Murder CasePatna Law CollegePatna PoliceTwo Absconding Accused Surrendered
Advertisement
Next Article