टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीवान रेलवे स्टेशन पर लागी दूगो स्वचालित सीढ़ी आ लिफ्ट: अमृत स्टेशन योजना अंतर्गत पुनर्विकास के काम सुरू, यात्रियन के मिली सुविधा

12:51 PM Jan 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत सीवान रेलवे जंक्शन पs एस्केलेटर लगावल जाई। एकरा खातिर काम सुरू कइल जा चुकल बा। बता दीं कि अमृत स्टेशन योजना अंतर्गत रेलवे स्टेशनन के पूर्ण विकास काम कइल जा रहल बा। एही के तहत सीवान रेलवे स्टेशन पs सौंदर्यीकरण आ पुनर्विकास के काम करावल जा रहल बा। एकरा तहत रेलवे स्टेशन पs प्लास्टर आदि के काम सुरू हो चुकल बा।

Advertisement

परिसर के आउर सुंदर बनावल जाई। संगही वाराणसी मंडल के कुल 22 अलग-अलग रेलवे स्टेशनन पs एस्केलेटर (स्वचालित सीढ़ी) बनावल जा रहल बा। सीवान रेलवे स्टेशन पs दुगो एस्केलेटर बनावल जाई। बता दीं कि प्लेटफार्म संख्या-1 पs ऊपरगामी पुल आ लिफ्ट के निर्माण काम सुरू कइल जा चुकल बा। ओहिजा विकलांग यात्रियन खातिर लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ी बनावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि सीवान जंक्शन पs निर्माण काम प्रगति पs बा। बता दीं कि एक दिन पहिलही डीआरएम विनीत श्रीवास्तव निर्माण काम के संगे-संगे रेलवे स्टेशन के सर्कुलेटिंग एरिया, टिकट काउंटर आदि के निरीक्षण कइले रहस। रेलवे स्टेशन के कर्मियन के कइयन गो दिशा निरदेस दिहल गइल रहे।

एह दौरान ऊ कहले रहस कि रेलवे परिसर के आउर सुंदर बनावल जाई। एकरा खातिर आकर्षक एगो प्रवेश द्वार  बनावल जाई। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि रेलवे स्टेशन पs लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ी के निर्माण काम जल्दिये पूरा हो जाई।

बता दीं कि प्लेटफार्म संख्या एक पs पहिलही से दुगो स्वचालित सीढ़ी बा। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन पs एगो लिफ्ट पहिलही बा। ओहिजा दु आ लिफ्ट आ स्वचालित सीढ़ियन के लग गइला के बाद यात्रियन के आउर सुविधा मिली।

Tags :
Amrit StationAutomatic StairsBhojpuri Newsrailway stationsiwan news
Advertisement
Next Article