टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली समेत देश के सभ CRPF स्कूलन में बम ब्लास्ट के धमकी, जानीं ताजा अपडेट

01:54 PM Oct 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली समेत देश भर के कई गो स्कूलन पs सीआरपीएफ के बमबारी के धमकी देबे के मामला सामने आइल बा.  सूत्र के मुताबिक देश के सभ सीआरपीएफ स्कूल पs बमबारी करे के धमकी देवे वाला ईमेल आईल बा। ई मेल सोमार के रात देश के कई गो स्कूलन में आइल. जांच के बाद स्कूल में कुछूओ ना मिलल। मेल भेजे वाला सबेरे 11 बजे ले सीआरपीएफ के सभ स्कूल पs बमबारी करे के धमकी देले रहे। मेल भेजे वाला डीएमके के पूर्व नेता जफर सादिक के गिरफ्तारी के जिक्र कईले रहले, जेकरा के एनसीबी अवुरी ओकरा बाद ईडी गिरफ्तार कईले रहले।

जांच में विस्फोट के जानकारी अफवाह के रूप में मिलल

दिल्ली के दुनो सीआरपीएफ स्कूल जवना में बम के धमकी मिलल रहे, ओमे से एगो रोहिणी अवुरी दूसरा द्वारका में बा। एह मेल के रोहिणी के प्रशांत विहार में भइल धमाका से कवनो संबंध नइखे.  जानकारी के मुताबिक सोमार के रात में सीआरपीएफ स्कूल पs बमबारी के धमकी देवे वाला मेल आईल। सूत्र के मुताबिक सोमार के देर रात एs स्कूल के प्रबंधन के भेजल ईमेल के माध्यम से इs धमकी दिहल गईल। जांच के दौरान बम विस्फोट के जानकारी अफवाह निकलल।

कई एयरलाइंस में बम विस्फोट के खतरा

एही बीच मंगलवार के बहुत एयरलाइंस के 30 से जादा फर्जी बम के धमकी मिलल। एक हफ्ता से भी कम समय में 120 से ज्यादा उड़ान के बम के धमकी मिलल बा।  जांच के दौरान इs सभ भी अफवाह निकलल.

 

 

 

Tags :
BombBomb Hoaxdelhi
Advertisement
Next Article