For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

चुनाव रिजल्ट के दू दिन बाद कांग्रेस मरलस सेंचुरी, के हऽ उऽ निर्दलीय सांसद जे देलस आपन समर्थन

10:07 AM Jun 07, 2024 IST | Sonu Kishor
चुनाव रिजल्ट के दू दिन बाद कांग्रेस मरलस सेंचुरी  के हऽ उऽ निर्दलीय सांसद जे देलस आपन समर्थन
Advertisement

महाराष्ट्र के सांगली सीट से जीतल निर्दलीय उम्मीदवार विशाल पाटिल कांग्रेस के आपन समर्थन दे देले बाड़े। मल्लिकार्जुन खरगे से मिलके उऽ आपन समर्थन पत्र सौंपले। जानकारी के मुताबिक विशाल पाटिल कांग्रेस के टिकट पs चुनाव लड़े के इच्छा जाहिर कइले रहले बाकिर सीट शेयरिंग के वजह से ई सीट उद्धव गुट के मिल गइल। एकरा बाद उऽ निर्दलीय सांसद के तौर पs चुनाव लड़े के फैसला कइले।

Advertisement

लोकसभा चुनाव में कांग्रेस के 99 सीट मिलल। हालांकि, चुनाव परिणाम सामने अइला के बाद कांग्रेस अब सेंचुरी मार देले बिया। रिजल्ट अइला के दू दिनों बाद अब लोकसभा में कांग्रेस के 100 सीट हो जाई। दरअसल, महाराष्ट्र के सांगली सीट से जीतल निर्दलीय उम्मीदवार विशाल पाटिल (Vishal Patil Independent MP) कांग्रेस के अपना समर्थन दे देले बाड़े।

कांग्रेस के टिकट पऽ चुनाव लड़ल चाहत रहले विशाल पाटिल

मल्लिकार्जुन खरगे से मिलके उऽ आपन समर्थन पत्र सौंपले। जानकारी के मुताबिक विशाल पाटिल कांग्रेस के टिकट पs चुनाव लड़े के इच्छा जाहिर कइले रहले बाकिर सीट शेयरिंग के वजह से ई सीट उद्धव गुट के मिल गइल। एकरा बाद उऽ निर्दलीय सांसद के तौर पs चुनाव लड़े के फैसला कइले।

आईएनडीआईए गठबंधन के 234 सीट मिलल

विशाल पाटिल एक लाख से ज्यादा वोटन से जीत दर्ज कइले। एह लोकसभा चुनाव में आईएनडीआईए गठबंधन के 234 सीट मिलल बा। उहे, एनडीए के 293 सीट मिलल बा। हालांकि, अबकी बीजेपी बहुमत के आंकड़ा छूवे में असमर्थ रहल बिया।

बता दी कि महाराष्ट्र के तऽ राज्य में एनडीए के 17 सीट मिलल। उहे, आईएनडीआई गठबंधन के 30 सीट हासिल भइल। राज्य में भाजपा के खाली 9 सीट मिलल।

Tags :
Advertisement