टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अमेरिका मे गुंजल गोलियन के तड़तड़ाहट, दु घटना में 2 के मउत, 10 लो घायल

10:11 AM Nov 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
america
Advertisement

 

Advertisement

अमेरिका के न्यू ऑरलियन्स शहर गोली के आवाज से गूँजत रहे। इहाँ दु अलग-अलग जगह पd भईल फायरिंग में दु लोग के मउत हो गईल बा, जबकि दस लोग घाही होखे के बात कहल जाता। पहिला मामला सेंट रोच इलाका के बा, जहवां 9 लोग घायल भईल बाड़े। दूसरा मामला अलमोनास्टर एवेन्यू ब्रिज के बा। इहाँ गोलीबारी में दु लोग के मउत हो गईल, जबकि एक आदमी घाही हो गईल। घटना के संबंध में जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। मामला के जांच कईल जाता।

पहिला घटना सेंट रोच इलाका में भइल

फायरिंग के घटना के जानकारी देत ​​अधिकारी कहले कि दुनो मामला के सिलसिला में अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। न्यू ऑरलियन्स पुलिस विभाग के एगो प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक, गोलीबारी के खबर न्यू ऑरलियन्स के सेंट रोच मुहल्ला में दुपहर 3:30 बजे के ठीक बाद मिलल। फायरिंग के जानकारी मिलला के बाद पुलिस टीम मौका पs पहुंचल। पुलिस के ओहिजा आठ लोग घायल हालत में मिलल बा. बतावल जाता कि आठ जने के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एकरा अलावे एगो घायल आदमी निजी कार से उहाँ पहुंचल।

दूसरा फायरिंग 45 मिनट बाद भईल

45 मिनट बाद पुलिस के 'अलमोनास्टर एवेन्यू ब्रिज' पs गोलीबारी के एगो अवुरी घटना के जानकारी मिलल। पुलिस के कहनाम बा कि एगो आदमी के मौका पs मौत हो गईल, जबकि दूसरा के अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गईल। तिसरका पीड़िता के निजी गाडी से अस्पताल ले जाइल गइल आ ओकर हालत स्थिर रहल पुलिस जनवले बा. दुनो घटना में अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल पुलिस के कहनाम बा। मामला से जुड़ल कवनो संदिग्ध के बारे में अबे ले कवनो जानकारी उपलब्ध नईखे। पुलिस के कहनाम बा कि मामला के छानबीन होखता।

 

 

Tags :
AmericaCrime Newscrime news in americaFiringincidents in new orleans americaorleans america
Advertisement
Next Article