For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News: पुलिस टीम पs हमला करे वाला दु बदमाश गिरफ्तार, बाइक लूटकांड के बाड़े सs आरोपी 

01:00 PM Sep 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
bihar news  पुलिस टीम पs हमला करे वाला दु बदमाश गिरफ्तार  बाइक लूटकांड के बाड़े सs आरोपी 
Advertisement

गया शहर के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में अतवार के रात बाइक से पेट्रोलिंग कs रहल बाइक सवार 112 के पुलिस जवान पs हमला कs के हथियार आ बाइक लूटे वाला दुगो अपराधियन के पुलिस धर दबोचले बिया। एह संबंध में गया के सीनियर एसपी आशीष भारती बतवलें कि रात में मुफस्सिल थाना आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी वजीरगंज के सूचना प्राप्त भइल बा कि गेरे ओवर ब्रिज के नीचे डायल 112 के मोटरसाइकिल टीम पs कुछ अपराधियन के ओर से हमला कइल गइल बा।

Advertisement

पुलिस बाइक बरामद कइलस

सूचना मिलतही वरीय पुलिस अधीक्षक गया के ओर से एह ममिला के बहुते गंभीरता से लिहल गइल आ तुरंत अपर पुलिस अधीक्षक, गया, तकनीकी शाखा के पुलिस पदाधिकारी आ कर्मी आउर पुलिसकर्मियन के घटनास्थल पs भेजल गइल। घटनास्थल के निरीक्षण कs के अपराधियन के भागे के दिशा के पता कs के ओकनी के पीछा सुरू कइल गइल। छीनल गइल मोटरसाइकिल के बरामद कs लिहल गइल। घटनास्थल के आस पास के सीसीटीवी फुटेज के अवलोकन कइल गइल।

दु आरोपियन के पुलिस पकड़लस 

एह ममिला में अपराधियन के पहचान कs लिहल गइल बा।।अनुसंधान, सीसीटीवी फुटेज आ पूछताछ के आधार पs दुगो अपराधियन के गिरफ्तार कइल गइल बा। जेकनी से पूछताछ चल रहल बा। एह पs पुलिस अधीक्षक, गया आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी वजीरगंज के नेतृत्व में एह कांड में संलिप्त आउर अपराधकर्मियन के गिरफ्तारी खातिर लगातार छापामारी कइल जा रही है। एह ममिला में संलिप्त आउर अपराधकर्मियन के जल्दिये गिरफ्तार कs लिहल जाई। एह संबंध में मुफ्फसिल थाना के ओर से कांड दर्ज कs के अग्रतर कारवाई कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement