For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UAE समेत 4 खाड़ी देसन में बाढ़ आ बरखा : रेगिस्तानी इलाकन में दु साल के बरखा एक दिन में ; का क्लाउड सीडिंग बा असल वजह

10:14 AM Apr 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
uae समेत 4 खाड़ी देसन में बाढ़ आ बरखा   रेगिस्तानी इलाकन में दु साल के बरखा एक दिन में   का क्लाउड सीडिंग बा असल वजह
Advertisement

15 अप्रिल के रात UAE, सऊदी अरब, बहरीन आ ओमान में भारी बरखा के सुरुआत भइल। ई देखते-देखते तूफान में बदले लागल। हालात ई हो गइल कि मंगर आवते-आवते एकरा वजह से एह देसन के दर्जनन शहरन में बाढ़ आ गइल।

Advertisement

रेगिस्तान के बीच बसल शहर दुबई के इंटनेशनल एयरपोर्ट पs तs बीतल 24 घंटा में 6.26 इंच से जादे बरखा भइल बा। मौसम संबंधी जानकारी देने वाली वेबसाइट 'द वेदरमैन डॉट कॉम' के मोताबिक इहां एतना बरखा दु साल में होला।

खाड़ी देसन में आइल एह बाढ़ के वजह कुछ एक्सपर्ट्स क्लाउड सीडिंग माने आर्टिफिशियल बरखा के बता रहले बा लो। एसोसिएट प्रेस अपना रिपोर्ट में दावा कइले बा कि दुबई प्रशासन सोमार के क्लाउड सीडिंग के माध्यम से बरखा करावे खातिर एगो विमान उड़वले रहे। एकरा कुछ देर बादे खाड़ी देसन के भारी बरखा आ बाढ़ के सामना करे के पड़ल बा।

Tags :
Advertisement