टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UGC NET 2024: यूजीसी नेट परीक्षा काल्ह से सुरू; अभ्यर्थी निम्मन से समझ लेवे लो गाइडलाइन, केंद्र पs करे के होई पालन

11:54 AM Aug 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

UGC NET Exam Guidelines: यूजीसी नेट परीक्षा के आयोजन काल्ह 21 अगस्त से होखे जा रहल बा। राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी 21 अगस्त से चार सितंबर, 2024 के बीच देस भर के अलग-अलग शहरन में यूजीसी नेट परीक्षा के आयोजन करी। जे केहू उम्मीदवार बिहान परीक्षा में सामिल होखे जा रहल बा लो, ओकरा पहिले परीक्षा से जुड़ल गाइडलाइंस जरूर जान लेवे के चाहीं।

Advertisement

CBT मोड में होई परीक्षा

UGC NET परीक्षा 18 जून के एकही दिन में पेन आ पेपर मोड में आयोजित कइल गइल रहे। हालांकि, पेपर लीक विवाद के बाद एजर के 21 अगस्त से चार सितंबर के बीच दोबारा आयोजित कइल जा रहल बा। अबकी बेर परीक्षा कंप्यूटर आधारित मोड में आयोजित कइल जाई। परीक्षा दु शिफ्ट में आयोजित कइल जाई। पहिला शिफ्ट के समय सबेरे नव बजे से दुपहरिया 12 बजे ले बा आ दूसरका शिफ्ट के समय दुपहरिया तीन बजे से सांझ छव बजे तक बा।

भूलाइयो के मत करी ई गलती

यूजीसी नेट परीक्षा हॉल के भीतरी इलेक्ट्रॉनिक आइटम जइसान मोबाइल फोन, स्मार्ट वॉच, कैमरा भा ब्लूटूथ डिवाइस आउर पेन ड्राइव, फ्लैश ड्राइव, मेमोरी कार्ड जइसन स्टोरेज डिवाइस ले गइला पs पाबंदी बा। पकड़ल गइला पs सख्त कार्रवाई कइल जा सकत बा। अइसन उम्मीदवार के परीक्षा देने से रोकलो जा सकता बा।

उम्मीदवारन के परीक्षा केंद्र के पर्यवेक्षकन के संगे धोखाधड़ी भा दुर्व्यवहार में सामिल ना होखे चाहीं। अइसन कइला पs उम्मीदवार के परीक्षा से वंचित कइल जा सकत बा आ कानूनी कार्रवाइयो हो सकत बा।

एह बातन के रखीं खास खेयाल

Tags :
Bhojpuri NewsCBT Modeeducation newsRe ExamUGC NetUGC NET Exam Guidelines
Advertisement
Next Article