For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

केंद्रीय मंत्रिमंडल one nation-one election के देले मंजूरी

04:29 PM Sep 18, 2024 IST | Sonu Kishor
केंद्रीय मंत्रिमंडल one nation one election के देले मंजूरी
Advertisement

तीसरा कार्यकाल में एनडीए सरकार के 100 दिन पूरा होखला पs आयोजित मीडिया सम्मेलन में गृहमंत्री अमित शाह एह विधेयक के मंजूरी के संकेत देले रहले। पहिलही से साफ हो गइल रहे कि 'मोदी 3.0' सरकार में one nation one election लागू होई।

Advertisement

केंद्र सरकार 18 सितंबर के अपना बहुप्रतीक्षित विधेयक ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ के मंजूरी दे दिहले बिया। खबर के मुताबिक अब संसद के शीतकालीन सत्र में ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ विधेयक पेश कइल जाई। पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के अध्यक्षता में गठित समिति के ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ के राय के मंत्रिमंडल मंजूरी दे देले बा।

अमित शाह मीडिया के सोझा संकेत देले रहले

मंगर के गृहमंत्री अमित शाह एनडीए के 100 दिन के काम पूरा होखे पs एगो प्रेस कांफ्रेंस के आयोजन कइले रहले। एमें उऽ एह विधेयक के मंजूरी देबे के संकेत दिहले। मोदी सरकार पहिलही साफ कऽ देले रहे कि उ अपना मोदी 3.0 सरकार में एक देश, ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ लागू करी। इ बात भाजपा के घोषणापत्र में शामिलो रहे। हालही में एह कार्यकाल में मोदी सरकार के 100 दिन पूरा हो गइल। एह मौका पs प्रेस से बात करत शाह चुनाव के दौरान भइल वादा के याद दिअवले। एनडीए सरकार के 100 दिन पूरा होखला पs रिपोर्ट कार्ड जारी भइल। प्रेस कांफ्रेंस के दौरान उनका संगे सूचना आ प्रसारण मंत्री अश्विनी वैष्णवो मौजूद रहले।

स्वतंत्रता दिवस पऽ पीएम चर्चा कइले

स्वतंत्रता दिवस के मौका प भी पीएम ‘वन नेशन वन इलेक्शन’ के चर्चा कइले रहले। उनकर तर्क रहे कि बार-बार चुनाव करावे से देश के प्रगति में बाधा आ रहल बा। मार्च 2024 में पूर्व राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के अध्यक्षता में एगो समिति बनावल गइल, जवना में लोकसभा आ राज्यसभा विधानसभा खातिर एक संगे चुनाव करावे के सिफारिश कइल गइल। हालांकि अबही संसद में विधेयक पेश करे के बा। विशेषज्ञ के कहनाम बा कि इ ओतना सरल नइखे। एकरा खातिर संविधान में संशोधन करे के जरूरत होई।

Tags :
Advertisement